Jump to content

एक्स्ट्राट्रॉपिकल साइक्लोन

विकिपीडिया से

एक्स्ट्राट्रॉपिकल साइक्लोन (अंग्रेजी: extratropical cyclones; अर्थ: उष्णकटिबंधीय क्षेत्र से बाहर के चक्रवात), जेकरा के कई बेर मिड-लैटिट्यूड साइक्लोन (अंग्रेजी: mid-latitude cyclones) भा वेव साइक्लोन (अंग्रेजी: wave cyclones) या शीतोष्ण भा समशीतोष्ण कटिबंधी चक्रवात भी कहल जाला, एक किसिम के चक्रवात ह जे अइसन कम हवादाब वाला क्षेत्र भा लो-प्रेशर एरिया वाला मौसम-सिस्टम होला, जे एंटीसाइक्लोन के संघे मिल के, पृथ्वी के बिचला अक्षांश वाला बहुत बिस्तृत इलाका के मौसम के चलावे ला। एक्स्ट्राट्रॉपिकल चक्रवात हवा, बदरी आ हल्का झींसी से ले के तेज पाथर, झंझावात वाला तूफान, बर्फीला तूफान आ टॉरनैडो तक कइयो किसिम के मौसम पैदा कइ सके ला। एह तरह के चक्रवातन के पृथिवी के बिचला अक्षांसन में होखे वाला एगो बड़ पैमाना (सिनॉप्टिक स्केल) के कम हबादाब वाला मौसमी सिस्टम के रूप में परिभाषित कइल जाला। ट्रॉपिकल साइक्लोन के उलट, एक्स्ट्राट्रॉपिकल साइक्लोन तापमान आ ड्यू पॉइंट में तेजी से बदलाव पैदा करेला, जे साइक्लोन के सेंटर के आसपास वेदर फ्रंट कहलाए वाला लमहर पट्टियन के सहारे देखे के मिले ला।