Jump to content

एक्स

विकिपीडिया से
X
X x
Usage
Writing systemलैटिन लिखाई
Typeअल्फाबेटआइसी आ लोगोग्राफिक
Language of originलैटिन भाषा
ग्रीक भाषा
In UnicodeU+0058, U+0078
Lexicographic position24
History
Development
Time periodल॰ 700 BCE से अबतक ले
Descendants
Sisters
Other
Associated graphsx(x)
Writing directionबायें-से-दहिने

एक्स (X चाहे x) अंग्रेजी आ अउरी कई भाषा सभ के लिखे खातिर इस्तेमाल होखे एगो लैटिन अल्फाबेट (चाहे रोमन अच्छर) हवे आ आजकाल्ह के मॉडर्न अंग्रेजी अल्फाबेट सभ में 24वाँ अल्फाबेट हवे।

चीन्हा के रूप में ई अक्सर "नामौजूदगी" भा "ग़ायब चीज" के चिन्हित करे खातिर इस्तेमाल होला।

अउरी दूसर इस्तेमाल

[संपादन करीं]
  • X के इस्तेमाल जब चीन्हा के रूप में होला, आमतौर पर “गलत” या “नकारात्मक” (निगेटिव), आ "गायब" भा "नामौजूद" के मतलब जाहिर करे ला।
  • रोमन संख्या पद्धति में X के मतलब 10 होला।
  • गणित में x अक्सर एगो स्वतंत्र चर (इंडिपेंडेंट वैरियेबल) या अज्ञात मान (अननोन वैल्यू) के रूप में इस्तेमाल होला। अज्ञात मान खातिर x, y, z के इस्तेमाल करे के परंपरा रेने डेसकार्टेस द्वारा 1637 में लिखल ला ज्योमेट्री में शुरू कइल गइल। एह कारण, बीजगणित (algebra) में इस्तेमाल होखे के चलते X के अउरी जगह पर भी अज्ञात चीज के प्रतीक के रूप में इस्तेमाल कइल जाला—जइसे एक्स-रे, एक्स-फाइल्स आदि।
  • कुछ पहचान पत्र में X के इस्तेमाल गैर-द्विआधारी लिंग (non-binary gender) के दर्शावे खातिर होला, जहाँ F महिला आ M पुरुष के दर्शावेला।
  • कार्टेशियन निर्देशांक प्रणाली में x क्षैतिज धुरी (हॉरिजेंटल एक्सिस) के दर्शावेला।
  • कभी-कभी x के इस्तेमाल गुणा (मल्टिप्लिकेशन) के चीन्हा (×) के जगह भी कइल जाला। गणितीय लिखाई में, जब x के वैरियेबल के रूप में इस्तेमाल होखे ला, त ओकरा के अक्सर तिरछा (इटैलिक रूप) लिखल जाला, ताकि ऊ गुणा के चीन्हा से अलग दिखे।
  • इतिहास में तारीख लिखे में भी x के इस्तेमाल “के बीच” (मध्य) के मतलब में हो सकेला, जइसे—“1483 x 1485” के मतलब होखी - “1483 से 1485 के बीचा में”।
  • नक्शा आ चित्र/फोटो में भी कई बेर X के इस्तेमाल कवनो खास जगह के निशान लगावे (अलग से ख़ास चिन्हित क के बतावे) खातिर कइल जाला, जवन से अंग्रेजी के कहावत बनल—“X marks the spot”।