एंथ्रोपोसीन
एंथ्रोपोसीन (अंग्रेजी: Anthropocene) ओह समय के प्रस्तावित नाँव हवे, जब इंसान धरती पर बदलाव ले आवे वाला एगो मजूबत ताकत बन गइल जे पूरा ग्रह-स्तर (प्लैनेटरी लेवल) पर भारी बदलाव ले आवे में सक्षम बाटे; अइसन बदलाव क रहल बाटे।[1] ई शब्द विज्ञान आ समाज से जुड़ल चर्चा में खूब सुनाई देला, खासकर ओह तेजी से हो रहल भौतिक आ रासायनिक बदलाव का संदर्भ में, जे 20वीं आ 21वीं सदी में धरती पर हो रहल बा। पहिले ई बात सोझा आइल रहे कि पृथिवी के जियोलाजिकल इतिहास में सभसे नया जुग मानल जाये वाला होलोसीन के बाद अब मनुष्य के कामकाज से भारी तरीका से प्रभावित दौर के एगो नया भूगर्भीय युग (epoch) के नाम एंथ्रोपोसीन रखल जाय। बाकिर 2024 में इंटरनेशनल कमिशन ऑन स्ट्रैटिग्राफी आ इंटरनेशनल यूनियन ऑफ जियोलॉजिकल साइंसेज़ दुनु संस्था एह प्रस्ताव के युग जइसन मान्यता देवे से मना कर दिहलन।
एंथ्रोपोसीन शब्द ग्रीक भाषा से बनल बा। ई दू गो हिस्सा से तैयार बा—एंथ्रोपो मतलब इंसान, आ सीन मतलब हाल में भइल।[2] सन 2000 में नीदरलैंड के वायुमंडलीय विशेषज्ञ पॉल जे. क्रुत्सन आ अमेरिका के जीवविज्ञानी यूजीन स्टोएर्मर एह विषय पर एगो लेख लिखलन। ओही के बाद एंथ्रोपोसीन शब्द चर्चित आ लोकप्रिय भइल।[2] एंथ्रोपोसीन युग के घोषणा के समर्थन करे वाला लोग कहेला कि मनुष्य से होखत जलवायु बदलाव, प्रदूषण, परमाणु परीक्षण आ औद्योगिक खेती—ई सभ पृथिवी के भूविज्ञानी इतिहास में अइसन निशान छोड़त बा, जे लाखन बरिस ले रही। मनुष्य के छोड़ल निशान के 'टेक्नोफॉसिल' के नांव दिहल जा रहल बाटे।[2]
संदर्भ आ नोट
[संपादन करीं]- ↑ Ellis 2018.
- 1 2 3 वाल्श 2024.
संदर्भ-स्रोत आ ग्रंथ
[संपादन करीं]- वाल्श, एलिस्टर (14 March 2024). "एंथ्रोपोसीन युग क्या है?". dw.com (Hindi में). Retrieved 26 February 2026.
- Ellis, Erle C. (2018). Anthropocene: A Very Short Introduction (अंग्रेजी में). Oxford University Press. ISBN 978-0-19-879298-7. Retrieved 26 February 2026.