Jump to content

एंडी बर्नहैम

विकिपीडिया से
Andy Burnham
Image of Burnham as MP for Makerfield 2026
Official portrait, 2026
यूनाइटेड किंगडम के परधानमंत्री
पद पर मौजूद
पदभार लिहल गइल
20 July 2026
नरेशचार्ल्स III
इनसे पहिलेKeir Starmer
लेबर पार्टी
पद पर मौजूद
पदभार लिहल गइल
17 July 2026
इनसे पहिलेKeir Starmer
मैंचेस्टर के मेयर जनरल
कार्यकाल
8 May 2017  19 June 2026
निजी जानकारी
जीवनसाथी
Marie-France van Heel (बि. 2000)
संतान3
पढ़ाईFitzwilliam College, Cambridge (MA)
वेबसाइटandyburnham.org.uk

एंड्रू मरे बर्नहैम (जनम: 7 जनवरी 1970) एगो ब्रिटिश राजनीतिक नेता बाड़ें, जे जुलाई 2026 से यूनाइटेड किंगडम के प्रधानमंत्री आ लेबर पार्टी के नेता बाड़ें। ऊ लेबर पार्टी आ को-ऑपरेटिव पार्टी के सदस्य हवें। जून 2026 से मेकरफील्ड से संसद सदस्य (एमपी) बाड़ें, जबकि 2017 से 2026 तक ग्रेटर मैनचेस्टर के मेयर रहलें। एह से पहिले ऊ 2001 से 2017 तक ली निर्वाचन क्षेत्र से सांसद रहलें आ प्रधानमंत्री टोनी ब्लेयरगॉर्डन ब्राउन के सरकारन में मंत्री के रूप में काम कइलें। बर्नहैम खुद के समाजवादीसोशल डेमोक्रेट मानेलें आ लेबर पार्टी के "सॉफ्ट लेफ्ट" धड़ा से जुड़ल मानल जालें। कई जगह उनकर राजनीतिक बिचारधारा के "मैनचेस्टरवाद" कहल गइल बा।

बर्नहैम के जनम ऐन्ट्री, लंकाशायर में भइल रहे। उनकर पालन-पोषण उत्तरी इंग्लैंड में लिवरपूल आ मैनचेस्टर के बीच स्थित कलचेथ में भइल। जवानी के दिनन में ऊ मैनचेस्टर के इंडी संगीत से प्रभावित भइलें। ऊ न्यूटन-ले-विलोस के सेंट एल्रेड्स कैथोलिक हाई स्कूल में पढ़लें, आ बाद में कैम्ब्रिज यूनिवर्सिटी के फिट्जविलियम कॉलेज से अंग्रेजी विषय के पढ़ाई कइलें। ऊ 15 बरिस के उमिर में लेबर पार्टी में शामिल भइलें। अपना शुरुआती करियर में ऊ टेसा जोवेल के रिसर्च असिस्टेंट आ संस्कृति सचिव क्रिस स्मिथ के बिसेस सलाहकार रहलें। 2001 में ऊ पहिली बेर हाउस ऑफ कॉमन्स खातिर चुनल गइलें, जहाँ ऊ ग्रेटर मैनचेस्टर के ली निर्वाचन क्षेत्र से जीत हासिल कइलें। बाद में टोनी ब्लेयर आ गॉर्डन ब्राउन के सरकार में ऊ कई गो मंत्री पद सँभारलें। पहिलहीं ट्रेजरी के मुख्य सचिव (एक तरह से बित्त मंत्रालय), फेर संस्कृति सचिव बनलें, जहाँ ऊ हिल्सबरो स्वतंत्र पैनल के शुरुआत कइलें। 2009 में उनकर प्रमोशन भइल आ ऊ स्वास्थ्य सचिव बनलें। एह पद पर रहत ऊ स्वाइन फ्लू महामारी के दौरान सरकार के जवाबी कार्रवाई के अगुवाई कइलें आ स्टैफर्ड अस्पताल कांड के जाँच खातिर स्वतंत्र जाँच आयोग गठित कइलें।

2010 के आम चुनाव में लेबर पार्टी के हारला के बाद, बर्नहैम 2010 से 2016 तक एड मिलीबैंड आ जेरेमी कॉर्बिन के शैडो मंत्रिमंडल में कई गो जिम्मेदारी निभवलें। एह दौरान ऊ क्रमशः छाया शिक्षा सचिव, छाया स्वास्थ्य सचिव आ आखिर में छाया गृह सचिव रहलें। ऊ 2010 आ 2015 में लेबर पार्टी के नेतृत्व खातिर चुनाव लड़लें, जहाँ क्रमशः चउथा आ दूसर स्थान पर रहलें। बाद में ग्रेटर मैनचेस्टर के नवगठित मेयर पद खातिर लेबर पार्टी के उम्मीदवार चुनल गइलें। 2017 के मेयर चुनाव जीतला के बाद ऊ सांसद पद से इस्तीफा दे दिहलें। मेयर के रूप में ऊ मैनचेस्टर के ट्राम आ बस सेवा के फेर से संगठित करके बी नेटवर्क के शुरुआत कइलें। कोविड-19 महामारी के दौरान उत्तरी इंग्लैंड के इलाकन खातिर बेसी आर्थिक सहायता (फरलो फंडिंग) के माँग करे के कारण उनकरा के "उत्तर के राजा" (किंग ऑफ़ द नॉर्थ) के उपनाम मिलल। ऊ 2021 आ 2024 में फेरु से मेयर चुनल गइलें।

2024 में लेबर पार्टी के फेरु से सत्ता में अइला के बाद, ग्रेटर मैनचेस्टर में बर्नहैम के पॉपुलरिटी लगातार हाई रहल, जबकि प्रधानमंत्री कीयर स्टार्मर के पॉपुलरिटी तेजी से घटे लागल। पार्टी के राष्ट्रीय कार्यकारिणी समिति बर्नहैम के गॉर्टन आ डेंटन उपचुनाव लड़े से रोक दिहलस। लेकिन स्टार्मर के नेतृत्व पर भरोसा घटला के साथे बर्नहैम के उनकर संभावित उत्तराधिकारी मानल जाए लागल। जून 2026 में मेकरफील्ड उपचुनाव जीत के ऊ फेर संसद में लौट अइलें। कानून के अनुसार एह सीट पर जीतला के बाद उनकरा तुरंत मेयर पद से इस्तीफा देवे के पड़ल, जवना से मेयर पद खातिर उपचुनाव करावल गइल। चार दिन बाद स्टार्मर अपना इस्तीफा के घोषणा कइलें, जवना से पार्टी नेतृत्व के चुनाव भइल। लेबर पार्टी के 90 परसेंट से बेसी सांसदन के समर्थन मिलला के बाद 17 जुलाई 2026 के बर्नहैम बिना कवनो विरोध के पार्टी के नेता चुनल गइलें, आ 20 जुलाई के यूनाइटेड किंगडम के प्रधानमंत्री बन गइलें। ऊ एह पद पर पहुँचे वाला लेबर–को-ऑप सांसद सभ में पहिला व्यक्ति बाड़ें।

इहो देखल जाय

[संपादन करीं]