Jump to content

ईस्टर

विकिपीडिया से
ईस्टर
यीशु के दोबारा जिंदा होखे के चित्र में देखावल बा। हेडीज के गेट ध्वस्त क के आ आदम अउरी ईव के कब्र से बाहर निकालल। उनके आसपास संत लोग मौजूद बाटे।
प्रकारईसाई धर्म, सांस्कृतिक
महत्त्वईसा मसीह (यीशु) के दोबारा जिंदा हो जाए के खुसी
मनावे के तरीकाचर्च में पूजा प्रार्थना, तिहुआर के भोज, ईस्टर अंडा सजावल, आ गिफ्ट दिहल
Observancesप्रार्थना, जागरण, सनराइज सर्विस
समयकंप्यूटस द्वारा गणना
2023 तारीख
  • अप्रैल 9 (Western)
  • अप्रैल 16 (Eastern)
2024 तारीख
  • मार्च 31[1] (Western)
  • मई 5 (Eastern)
संबंधित बापासओवर

ईस्टर (अंग्रेजी: Easter) एगो तिहुआर आ छुट्टी के दिन हवे जे ईसा मसीह के दुबारा जीवित होखे के उपलक्ष में मनावल जाला। न्यू टेस्टामेंट के मोताबिक यीशु सूली पर चढ़ावल जाए के तिसरा दिने दोबारा जिंदा भ गइल रहलें; जबकि येरुशलम के बाहर कैलवेरी में लगभग 30 AD में उनके शुक के दिने सूली पर चढ़ावल गइल रहे। ईसाई लोग ईस्टर से पहिले वाला हप्ता के पबित्र हप्ता (होली वीक) के रूप में मनावे ला; एही हप्ता में गुड फ्राइडे पड़े ला जहिया सूली दिहल गइल रहे। ईस्टर अतवार के मनावल जाला आ एकरे अगिला दिन के ईस्टर सोमार (ईस्टर मंडे) के रूप में मनावल जाला।

  1. Selected Christian Observances, 2024, U.S. Naval Observatory Astronomical Applications Department