Jump to content

इस्लामोफोबिया

विकिपीडिया से

इस्लामोफोबिया (इस्लाम से भय) मतलब इस्लाम धर्म या मुसलमान लोग प्रति बिना तर्क वाला डर, शत्रुता, या घृणा। ई धार्मिक या सांस्कृतिक पक्षपात (bigotry) के एगो रूप मानल जाला, जहाँ मुसलमान लोग के अक्सर भू-राजनीतिक खतरा या आतंकवाद के स्रोत का रूप में गलत ढंग से पेश कइल जाला। दुनिया भर में मुसलमान लोग अनेक जातीय, सांस्कृतिक पृष्ठभूमि से आवेलन, बाकिर इस्लामोफोबिया फैलावे वाला लोग अक्सर मुसलमान लोग के एके किसिम के नस्लीय समूह का रूप में गलत ढंग से देखावेला।

कोल्ड वार (Cold War), जेकरा के हिंदी में 'शीत युद्ध' कहल जाला, के खतम होखे के बाद दुनिया भर में इस्लामोफोबिया बढ़े के कई कारण बाड़ें। एहमें शामिल बा — 1990 के बाद से पश्चिमी मीडिया में मुसलमान लोग के बारे में फैलत कवनों-न-कवनों नस्लीय किसिम के रूढ़ धारणा सभ, 11 सितंबर के हमला के बाद अमेरिका द्वारा शुरू कइल गइल “वार ऑन टेरर” अभियान, इराक जुद्ध के बाद इस्लामिक स्टेट (ISIS) के उभार, अमेरिका आ यूरोप में इस्लामवादी (Islamist) लड़ाकू लोग द्वारा होखे वाला आतंकी हमला, इंटरनेट के माध्यम से श्वेत–राष्ट्रवादी (white nationalist) समूह द्वारा फैलावल मुसलमान–विरोधी भाषण, आ अमेरिका तथा यूरोपीय संघ में ईसाई-राष्ट्रवादी आ दूर-दक्षिणपंथी समूह के बढ़त कट्टरता, जे मुसलमान लोग प्रति बढ़त शत्रुता के रूप में देखल जाला।