Jump to content

इस्फ़हान

विकिपीडिया से

इस्फ़हान (Esfahan) एगो सहर हवे जे ईरान के इस्फ़हान प्रांत, इस्फ़हान काउंटी आ ओकरे सेंट्रल डिस्ट्रिक्ट में पड़ेला। ई सहर ओह प्रांत, काउंटी आ डिस्ट्रिक्ट के राजधानी बा। ईरान के राजधानी तेहरान से करीबन 440 किलोमीटर (270 मील) दक्खिन में बसल बा। इस्फ़हान के आबादी करीब 22 लाख बा, जे एकरा ईरान के तीसरहा सबसे बेसी आबादी वाला सहर बनावेला — तेहरान आ मशहद के बाद। ई देश के दुसरका सबसे बड़ महानगरी इलाको ह।

ई सहर उत्तर-दक्खिन आ पूरुब-पच्छिम जाए वाला ईरान के मुख्य सड़कन के कटान बिंदु पर बसल बा। इस्फ़हान के बहुते तरक्की 9वीं से 18वीं सदी के बीच भइल। सफ़वी सल्तनत के राज में, अब्बास द ग्रेट के समय, ई सहर दुसरा बेर ईरान के राजधानी बनल। इस्फ़हान आपन फारसी-इस्लामी बनावट वाली शानदार इमारतन, चौड़ी सड़कन, छावल (ढँकाइल) पुल, महल, टाइल वाला मस्जिद आ ऊँच मीनारन खातिर जानल जाला। ए सहर में बहुत ऐतिहासिक इमारतन, मूर्ति, चित्रकारी आ बेशकीमती चीज मिलेला। इस्फ़हान के ख्याति एतना बा कि फारसी में एक कहावत बा – "इस्फ़हान आधा दुनिया ह" (Esfahān nesf-e-jahān ast)।

एही सहर में नक़्श-ए-जहान चौक बा, जे दुनिया के सबसे बड़ चौराहन में से एक हवे, आ यूनेस्को वर्ल्ड हेरिटेज साइटन में शामिल बा।