Jump to content

इनपुट डिवाइस

विकिपीडिया से

कंप्यूटिंग में इनपुट डिवाइस (अंग्रेजी: input device) ओह साज–समान के कहल जाला, जे डेटा आ कंट्रोल सिग्नल के कंप्यूटर या कवनो इनफार्मेशन-प्रॉसेसिंग सिस्टम में भेजे खातिर इस्तेमाल होखेला। इनपुट डिवाइस के उदाहरण हवे—कीबोर्ड, माउस, स्कैनर, कैमरा, जॉयस्टिक, आ माइक्रोफोन

इनपुट डिवाइस के कई तरीका से केटेगरी में बाँटल जा सकेला, जइसे:

  • आउटपुट के तरीका के आधार प (जइसे—मेकैनिकल हरकत, आवाज, विजुअल संकेत आदि)
  • आउटपुट अलग–अलग (डिस्क्रीट) होखे ला कि लगातार (कंटिन्यूअस) (जइसे—की दबावल अलग–अलग संकेत ह, जबकि माउस के स्थिति भले डिजिटल रूप में बदले, बाकिर गति लगातार मानल जाला)
  • डिग्री ऑफ फ्रीडम के संख्या (जइसे—दुइ आयाम वाला पारंपरिक माउस, या तीन आयाम में काम करे वाला नेविगेटर, जे CAD वगैरह में इस्तेमाल होखेला)