Jump to content

आर्टेमिस प्रोग्राम

विकिपीडिया से

आर्टेमिस प्रोग्राम (अंग्रेजी: Artemis program) चंद्रमा के खोज (एक्प्लोरेशन) खातिर बनावल एगो अंतरिक्ष प्रोग्राम हवे, जवन नासा (अमेरिका के अंतरिक्ष एजेंसी) के अगुआई में चल रहल बा। ई प्रोग्राम 2017 में स्पेस प्रोग्राम डाइरेक्टिव 1 के तहत आधिकारिक रूप से शुरू कइल गइल। एह प्रोग्राम के टारगेट बा कि 2028 तक इंसान के फेर से चंद्रमा के सतह पर भेजल जाव, जवन 1972 में अपोलो 17 के बाद पहिला बेर होखी। आगे चल के, 2030 के दशक में चंद्रमा पर एगो स्थायी बेस बनावे के योजना बा, जवन गहिरा अंतरिक्ष में अउरी आगे ले मानव मिशन खातिर एगो पड़ाव साबित होखी।

वर्तमान में, अप्रैल 2026 में एह प्रोग्राम के तहत आर्टेमिस 2 अंतरिक्ष उड़ान प्रोग्रेस में बाटे। आर्टेमिस 2 के 1 अप्रैल 2026 के केनेडी स्पेस सेंटर से लॉन्च कइल गइल बाटे।