Jump to content

आमी नदी

विकिपीडिया से
आमी नदी
नदी, घाट, मंदिर के बिल्डिंग, बैकग्राउंड में दूर पुल
मगहर में आमी नदी के घाट, मंदिर आ पाछे पुल देखात बाटे।
अउरी नाँव सभआमी
लोकेशन
देश भारत
राज्यउत्तर प्रदेश
जिला सभसिद्धार्थनगर, संत कबीर नगर, बस्ती, गोरखपुर
भौतिक लच्छन सभ
Sourceसिकहरा ताल, सिद्धार्थ नगर
मुहानासोहगौरा, गोरखपुर
लंबाई147 किमी
थाला लच्छन
नदी सिस्टमगंगा नदी

आमी नदी भारतीय राज्य उत्तर प्रदेश में बहे वाली एगो मैदानी नदी हवे। ई राप्ती नदी के सहायिका हवे आ सिद्धार्थ नगर जिला से निकल के 147 किमी के दूरी तय क के गोरखपुर जिला में राप्ती में मिले ले। एकरा तीरे खलीलाबाद आ मगहर नियर कसबा बसल बाड़ें। मगहर में एही के तीरे 15वीं सदी के परसिद्ध संत, धर्म सुधारक आ कवी कबीर अपना जिनगी के अंतिम समय में निवास आ साधना कइलेन।

अपना अंतिम हिस्सा में ई नदी गोरखपुर इंडस्ट्रियल एरिया (गीडा) से हो के गुजरे ले आ बहुत प्रदूषित हो जाले।

आमी एगो मैदानी नदी हवे। ई सिद्धार्थनगर जिला के सिकहरा ताल से निकले ले आ गोरखपुर जिला के सौहगौरा में जा के राप्ती नदी में मिल जाले। एह तरीका से एकर कुल लंबाई 147 (सीपीसीबी के नाप अनुसार[1]) से ले के 211 किलोमीटर[2] तक ले बतावल जाला।

  1. "Pollution in Aami River in U.P." (PDF). cpcb.nic.in (अंग्रेजी में). Eastern U.P. Rivers and Water Reserviors Monitoring Committee, Environment Diractorate, U.P. 15 Jan 2019. Retrieved 8 Apr 2026.
  2. Yadav, Maharshi; Gole, Vitthal L.; Sharma, Jyoti; Pandey, Govind (दिसंबर 2022). "Downstream Microbial and Physiochemical Assessment of Aami River and Analysis of Sewage and Industrial Discharge". Journal of The Institution of Engineers (India): Series E. 103 (2): 189–198. doi:10.1007/s40034-022-00240-w.