आगी उगिलल

विकिपीडिया से
आगी उगिले के तमाशा देखावत एगो भारतीय कलाकार

आगी उगिलल (अंग्रेजी: Fire breathing) एक तरह के तमाशा हवे जेवना में कलाकार अपनी मुँह से ज्वलनशील द्रव पदार्थ फूँक के आगी के लपट पैदा करे ला आ अइसन बुझाला की ऊ लपट ओकरा मुँह से निकलत बाटे। एह तमाशा के उत्पत्ती भारत में भइल मानल जाले। मेला या सर्कस में अइसन कलाकार ई तमाशा देखावे लें। आधुनिक समय में ई रॉक बैंड में भी देखे के मिलेला। ई एगो खतरनाक खेल हवे जेवना के अगर बिना ट्रेनिंग के केहू करे त ओकर जान भी जा सके ले।

तमाशा आ कलाकार[संपादन करीं]

आगी उगिले के एगो वीडियो

आम तौर पर ई तमाशा बहुत सधल आ काफ़ी ट्रेनिंग लिहल कलाकार लोग देखावेला। तमाशा में कलाकार मुँह में कौनों बहुत तेजी से आगि पकड़े वाला पदार्थ भर के ओकरा के एगो मशाल पर फूँके ला। तेल के ई फुहारा भभक के बरे ला आ बुझाला की कलाकार की मुँह से आगि के लपट निकलत बाटे।

तेल या ईंधन[संपादन करीं]

एगो साधारण मशाल जेवना के इस्तेमाल ए तमाशा में होला

कई तरह के तेल या ईंधन के इस्तेमाल होला जेवना में कुछ खतरनाक भी होलें। सही ईंधन के चुनाव खतरा ताले खातिर बहुत जरूरी मानल जाला।

खतरा[संपादन करीं]

  • मौत
  • मुँह आ फेफड़ा के खतरनाक रूप से जर गइल
  • गला खराब भइल
  • पेट के दरद, उलटी, चक्कर आवल

आधुनिक संस्कृति में[संपादन करीं]

आगी उगिले के तमाशा के कई ठो बैंड अपनी शो के एगो आकर्सन की रूप में इस्तेमाल कइलें Fire breathing has been utilized in many bands of varying genres as an eye-catching spectacle. The MC Bat Commander, जे कैलिफोर्निया के एगो रॉक बैंड The Aquabats के लीड सिंगर रहलें, अपनी हर शो से पहिले आगी उगले के तमाशा देखावे खातिर जानल जाँय, जब 1900सब के आखिरी साल आ 2000सब के सुरुआती समय रहे।[1] माइक ऑड, जे shock rock/हॉरर मेटल बैंड Rosemary's Billygoat के गायक रहलें, एकर प्रयोग करें।[2]

रेकार्ड[संपादन करीं]

एक संघे कई लोग[संपादन करीं]

23 अप्रैल 2009 के 293 विद्यार्थी लोग डच (नीदरलैंड) की Maastricht शर में एगो चैरिटी शो में ई तामाशा देखा के रेकार्ड बनावल।[3]

लपट पास कइले के रेकार्ड[संपादन करीं]

अगस्त 2007 में Burning Man नाँव की एगो उत्सव में Black Rock Desert, नेवादा; एकही बेर शुरू कइल लपट के बुताये से पहिले 21 लोग के पास कइल गइल।[4]

सभसे ऊँच लपट[संपादन करीं]

बिस्व के सभसे ऊँच आगि के लपट उगिले के रेकार्ड 8.05 मीटर (26 फीट 5 इंच) के बा जेवन Antonio Restivo नाँव की कलाकार, लास वेगास में 11 जनवरी 2011 के देखवलें।[5]

सभसे ढेर लपट[संपादन करीं]

बिना दुबारा तेल भरले एक बेर में 182 बेर लपट फूँके के रेकार्ड Tobias Buschick (जर्मनी) के बाटे जब ऊ Neuenbürg, Germany, में 3 अगस्त 2013 के ई तमाशा देखवलें।[6]

एक मिनट में 189 (बीच में मुँह में दुबारा ईंधन लिहले के बाद) के रेकार्ट Zhu Jiangao (चीन) कीनांव बाटे जब ऊ CCTV की सेट पर ई देखवले रहलें- (Guinness World Records Special in Jiangyin, Jiangsu, China on 9 जनवरी 2015)[7]

फोटो गैलरी[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Aquabats and Mealticket to return for Ska Patrick's Day fest in Provo". Deseret News. 14 मार्च 1997.
  2. Distefano, Alex (21 November 2013). "Top 10 Shock Rock Bands of All Time". OC Weekly. Archived from the original on 31 March 2014. Retrieved 15 October 2015.
  3. "Most people fire breathing". guinnessworldrecords.com. Retrieved 15 अक्टूबर 2015.
  4. "Fire breathing". Webster's online dictionary. Retrieved 15 अक्टूबर 2015.
  5. "Highest flame blown by a fire breather". guinnessworldrecords.com. Retrieved 15 अक्टूबर 2015.
  6. http://www.guinnessworldrecords.com/world-records/most-consecutive-fire-flames-blown-by-mouth-(without-re-fuelling)/
  7. http://www.guinnessworldrecords.com/world-records/fire-breathing-most-flames-blown-in-one-minute/