आइ वांडर्ड लोनली एज अ क्लाउड
| by विलियम वर्ड्सवर्थ | |
A hand-written manuscript of the poem (1804). British Library Add. MS 47864[1] |
“आइ वांडर्ड लोनली ऐज़ अ क्लाउड” — जेकरा के “डेफ़ोडिल्स” के नाँव से भी जानल जाला[2] — विलियम वर्ड्सवर्थ के अंग्रेजी में रचल एगो लिरिक कविता बा, आ उनकर सबसे परसिद्ध रचनन में गिनल जाला।[3] ए कविता के प्रेरणा 15 अप्रैल 1802 के तब मिलल, जब ऊ आपन छोट बहिन डूर्थी वर्डस्वर्थ के संघे इंग्लैंड के लेक डिस्ट्रिक्ट में उल्स्वाटर किनारा पर टहलत समय डेफ़ोडिल (एक किसिम के घास जेह में पियर छोट-छोट फूल फुलालें) के “लमहर पट्टी” देखलें। 24 लाइन के लिरिक रूप में ई कविता 1804 में लिखाइल[4] आ पहिलका बेर1807 में पोएम्स, इन टू वोल्यूम्स में छपल; बाद में 1815 में एकर संशोधित संस्करण निकसल। 1995 में बीबीसी रेडियो 4 के “बुकवॉर्म” कार्यक्रम द्वारा करावल एक सर्वे में ई कविता यूके के सबसे प्रिय कवितन में पाँचवाँ स्थान पवलस। आज ई इंग्लिश रोमांटिक कविता के क्लासिक मानल जाला, हालाँकि Poems, in Two Volumes प्रकाशन के समय वर्ड्सवर्थ के समकालीन लोग ई संग्रह के ज़्यादा अच्छा समीक्षा ना दिहलें।
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ Wordsworth, William. "I wandered lonely as a cloud". British Library Images Online. Archived from the original on 31 October 2020. Retrieved 6 June 2012.
- ↑ "William Wordsworth (1770–1850): I Wandered Lonely as a Cloud". Representative Poetry Online. 2009. Retrieved 23 December 2009.
- ↑ "Historic figures: William Wordsworth (1770–1850)". BBC. Retrieved 26 December 2009.
- ↑ Radford, Tim (2011-04-15). "Weatherwatch: Dorothy Wordsworth on daffodils". The Guardian. London. ISSN 0261-3077. Retrieved 2019-10-23.
| ई लेख कबिता की बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |