आइएटीए एयरपोर्ट कोड
आईएटीए हवाईअड्डा कोड चाहे आइएटीए एयरपोर्ट कोड (अंग्रेजी: IATA Airport Code), जेकरा के आईएटीए लोकेशन आइडेंटिफायर (Location Identifier) भा आईएटीए स्टेशन कोड भी कहल जाला, एगो विशिष्ट तीन-अक्षरी कोड हवे। ई कोड दुनिया भर के कई हवाईअड्डन, शहरन (जहाँ एक भा अधिक हवाई अड्डा होखे) आ महानगरीय क्षेत्रन के पहचान खातिर इस्तेमाल कइल जाला। एह कोड सभ के निर्धारण इंटरनेशनल एयर ट्रासपोर्ट एसोसिएशन (IATA) द्वारा कइल जाला।
हवाईअड्डा पर चेक-इन के समय सामान (बैगेज) पर लगावल जाए वाला टैग पर छपल तीन अक्षर वाला कोड एह सिस्टम के सबसे आम उदाहरण हवे। जइसे, दिल्ली खातिर DEL, मुंबई खातिर BOM, आ इलाहाबाद खातिर IXD आईएटीए कोड बा।
एह कोडन के आबंटन आईएटीए प्रस्ताव 763 के अनुसार कइल जाला। एकर प्रशासन कनाडा के मॉन्ट्रियल शहर में स्थित आईएटीए हेडक्वार्टर द्वारा कइल जाला। आईएटीए एह कोडन के सूची के नियमित रूप से प्रकाशित भी करेला। हवाई अड्डन के अलावा, आईएटीए कुछ रेलवे स्टेशन, बस स्टेशन, फेरी बंदरगाह आ हवाई अड्डा से जुड़ल सेवा प्रदाता संस्थाननों खातिर बिसेस कोड उपलब्ध करावेला।