अस्सत दे ल'ओर पुल

विकिपीडिया से
अस्सत दे ल'ओर पुल
Pont de l'Assut de l'Or
(Serreria Bridge)
The Assut de l'Or Bridge in Valencia, Spain
पुल के साइड भ्यू
लोकेशन39°27′17.3″N 00°20′58.7″W / 39.454806°N 0.349639°W / 39.454806; -0.349639निर्देशांक: 39°27′17.3″N 00°20′58.7″W / 39.454806°N 0.349639°W / 39.454806; -0.349639
पार करे लातूरिया गार्डेन्स (तूरिया नदी के पुरान रास्ता)
जगहवैलेंशिया, स्पेन
बिसेसता
डिजाइनकेबिल पर टिकल पुल
कुल लंबाई180 मीटर
ऊँचाई125 मीटर (शहर के सभसे ऊँच चीज)
खंड सं.एक खंड, 29 केबिल पर टिकल
इतिहास
आर्किटेक्टSantiago Calatrava
कुल लागत59.9 मिलियन यूरो
उदघाटन12/12/2008

अस्सत दे ल'ओर पुल (वेलेंशियन: Pont de l'Assut de l'Or, स्पैनिश: Puente de l'Assut de l'Or) भा Serreria Bridge स्पेन देश के वैलेंशिया में एगो चमकदार उज्जर रंग के, सिंगल चापाकार खम्हा आ केबिल के सहारे टिकल पुल बा। एह पुल के डिजाइनर आ आर्किटेक्ट सैंटियागो कालात्रागा नाँव के सिविल इंजीनियर बाड़ें। ई पुल साल 2008 के दिसंबर में बन के पूरा भइल आ आवाजाही खातिर खुल गइल। एकरे नाव l'Assut de l'Or के मतलब हवे सोना के बाँध आ ई नाँव एकरे लगहीं पहिले मौजूद एगो बंधा के नाँव पर रखल गइल हवे। लोकल लोग एकरा के अउरी कई नाँव से बोलावे ला जइसे कि "एल जमोनिरो" (El Jamonero - The Ham Holder) या "पुंटे देल अर्पा" puente del arpa (The Harp Bridge)। कालात्रागा एकरा के Serreria Bridge के नाँव से बोलावें।[1]

डिजाइन[संपादन करीं]

केबिल के डेक से जोड़ के नजदीकी से लिहल फोटो

ई पुल बीचला स्पेन में वेलेंशिया के बीच से बहे वाली तुरिया नदी के पुराना समय के रास्ता पर बनल हवे। वर्तमान में इहाँ एह जगह के तुरिया बाग कहल जाला ई आर्ट अउरी साइंस के कॉम्प्लेक्स (Ciutat de les Arts i les Ciències) के नाँव से जानल जाला।[2]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Calatrava, Santiago. "Serreria Bridge". calatrava.com. Retrieved 3 June 2016.
  2. Info loko site on City of Arts and Sciences.

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]