Jump to content

अशोक वाजपेयी

विकिपीडिया से
अशोक वाजपेयी
इग्नू में एगो सेमीनार में अपना किताबिन के संघे
इग्नू में एगो सेमीनार में अपना किताबिन के संघे
जनम1941 (उमिर 84–85)
दुर्ग, सेंट्रल प्रोविंस एंड बरार, ब्रिटिश भारत
पेशाकबी, निबंधकार, लेखक, समालोचक
भाषाहिंदी
नागरिकताभारतीय

अशोक वाजपेयी (जनम 1941) भारत के हिंदी-भाषा के कवि, निबंधकार आ साहित्यिक-सांस्कृतिक समालोचक बाड़ें। एकरा अलावा ऊ एगो जानल-मानल सांस्कृतिक आ कला प्रशासक आ पहिले सिविल सर्वेंटो रहलें। ऊ भारत सरकार के संस्कृति मंत्रालय के अधीन भारत के नेशनल एकेडमी ऑफ आर्ट्स, ललित कला अकादमी, के 2008 से 2011 ले चेयरमैन रहलें। उनकर 23 से बेसी कविता, समालोचना आ कला से जुड़ल किताब प्रकाशित भइल बा। 1994 में उनका कविता-संग्रह कहीं नहीं वहीं खातिर भारत के नेशनल एकेडमी ऑफ लेटर्स, साहित्य अकादमी, के ओर से साहित्य अकादमी अवार्ड दिहल गइल।

उनकर प्रमुख कविता-संग्रहन में शहर अब भी संभावना है (1966), तत्पुरुष (1986), बहुरी अकेला (1992), इबारत से गिरी मात्राएँ, उम्मीद का दूसरा नाम (2004) आ विवक्षा (2006) शामिल बाड़ीं। एकरा अलावा ऊ साहित्यिक आ कला आलोचना पर भी कई रचना प्रकाशित कइले बाड़ें, जवना में फिलहाल, कुछ पूर्वाग्रह, समय से बाहर, कविता का गल्प आ सीढ़ियाँ शुरू हो गई हैं शामिल बाड़ी स।