अल-बरूनी
अबू रहमान अल-बेरूनी | |
|---|---|
ابوریحان محمد بن احمد البیرونی | |
1973 के सोवियत डाकटिकट पर काल्पनिक चित्रण | |
| Personal life | |
| Born | 973 Kath, ख़्वारिज़्म (अब उज्बेकिस्तान) |
| Died | ल॰ 1050 (उमिर 77) गजनी, गजनवी राज (अब अफ़गानिस्तान) |
| Era | इस्लामी गोल्डन एज |
| Region | ख़्वारिज़्म, सेंट्रल एशिया Buyid dynasty (Rey)[1] गजनवी बंस (गजनी)[2] |
| Main interest(s) | जियोलॉजी, फिजिक्स, एन्थ्रोपोलॉजी, समाज शास्त्र, खगोलिकी, रसायनशास्त्र, इतिहास, भूगोल, गणित, चिकत्सा, मनोबिज्ञान, फिलासफी, थियोलॉजी |
| Notable work(s) | The Remaining Signs of Past Centuries, Gems, किताब-उल-हिंद, The Mas'udi Canon, Understanding Astrology |
| Religious life | |
| Religion | इस्लाम |
अबू रेहान मुहम्मद इब्न अहमद अल-बिरूनी, जिनका के आमतौर पर अल-बरूनी कहल जाला, (ल॰ 973 – c. 1050)[3] ख़्वारिज़्म क्षेत्र के ईरानी मूल के[4] महान बिद्वान आ बहुबिद्याविद (पॉलीमैथ) रहलें। ऊ इस्लामी स्वर्ण युग के प्रमुख बिद्वानन में गिनल जालें। अल-बरूनी के तुलनात्मक धर्म बिज्ञान के जनक, आधुनिक भू-मापन (जियोडेसी) के जनक, भारतबिद्या (इंडोलॉजी) के संस्थापक आ पहिला मानवविज्ञानी (एंथ्रोपोलॉजिस्ट) के रूप में सम्मान दिहल जाला।[5]
अल-बरूनी के फिजिक्स, गणित, खगोलिकी आ प्राकृतिक बिज्ञान पर गहिरा ज्ञान रहे। एकरे साथे ऊ इतिहासकार, क्रोनोलॉजिस्ट आ भाषाविज्ञानी के रूप में भी प्रसिद्ध रहलें। ऊ अपना समय के लगभग सभे प्रमुख बिज्ञानन के अध्ययन कइलें आ ज्ञान के अनेक क्षेत्रन में अपना रिसर्च खातिर भरपूर सम्मान आ संरक्षण प्राप्त कइलें। राजा-महाराजा आ समाज के प्रभावशाली लोग अल-बरूनी के अनुसंधान के आर्थिक सहायता देत रहे आ अलग-अलग प्रोजेक्ट पर काम करे खातिर उनकर सहयोग लेत रहे। अल-बिरूनी खुद बहुत प्रभावशाली विद्वान रहलें, बाकिर ऊ दुसरे देशन के विद्वानन, खासकर अरस्तू आ अन्य प्राचीन यूनानी दार्शनिकन के विचार से भी प्रभावित रहलें। दर्शन के अध्ययन के दौरान ऊ यूनानी विद्वानन के रचना से प्रेरणा लिहलें।
अल-बेरूनी एगो प्रतिभाशाली भाषाविद् रहलें। ऊ ख़्वारिज़्मी, फ़ारसी, अरबी आ संस्कृत भाषा में निपुण रहलें। एकरे अलावा उनकरा यूनानी, हिब्रू आ सीरियाई भाषा के ज्ञान रहल। ऊ अपना जिनगी के अधिकतर समय गजनी में बितवलन, जे ओह समय गजनवी साम्राज्य के राजधानी रहे। आज ई शहर अफ़गानिस्तान के बिचला-पूरबी हिस्सा में स्थित बा। 1017 ई. में अल बरूनी भारतीय उपमहादीप के यात्रा कइलें। भारत में ओह जमाना में प्रचलित हिंदू धर्म आ संस्कृति के गहराई से अध्ययन करे के बाद ऊ तारीख़ अल-हिंद (मने कि "भारत के इतिहास") नाम के प्रसिद्ध ग्रंथ लिखलें।
अल बरूनी अपना समय के सबसे निष्पक्ष विद्वानन में गिनल जालें। ऊ अलग-अलग देशन के रीति-रिवाज, विश्वास आ धर्म के बिना पक्षपात के वर्णन कइलें। 11वीं सदी के भारत के बारे में उनकर सटीक आ निष्पक्ष विवरण खातिर विद्वान लोग उनकरा के "अल-उस्ताद" (अर्थात "महान गुरु") के उपाधि दिहलस।
जिनगी
[संपादन करीं]अल-बरूनी अपना जीवन के पहिलका पच्चीस बरिस ख़्वारिज़्म में बितवलन। एहिजा ऊ इस्लामी न्यायशास्त्र, धर्मशास्त्र, व्याकरण, गणित, खगोल विज्ञान, चिकित्सा आ दर्शनशास्त्र के पढ़ाई कइलें। एकरे साथे ऊ खाली भौतिक विज्ञान में ही ना, बल्कि लगभग सभे प्रमुख विज्ञान के क्षेत्र में भी गहिरा रुचि लिहलें। ख्वारज़्मी भाषा, जे अल-बरूनी के मातृभाषा रहे, इस्लाम के आगमन के बाद भी एह इलाका में कई सौ बरिस तक बोलल जात रहे। बाद में एह क्षेत्र के धीरे-धीरे तुर्कीकरण भइल, लेकिन प्राचीन ख्वारज़्म के कुछ सांस्कृतिक परंपरा तबो बचल रहल। एह बात से ई मानल जा सकेला कि अल-बिरूनी जइसन असाधारण विद्वान, जिनका लगे अनेक विषय के गहिर ज्ञान रहे, ओह इलाका के समृद्ध सांस्कृतिक माहौल में ही तैयार भइल रहलें।
अल-बरूनी अफ़्रीग़िद शासक वंश के समर्थक रहलें। जब 995 ईस्वी में मामूनी वंश अफ़्रीग़िद लोग के हटा के सत्ता पर आ गइल, त अल-बिरूनी अपना मातृभूमि छोड़ के बुखारा चल गइलें। ओह समय बुखारा पर सामानी शासक मंसूर द्वितीय, जे नूह द्वितीय के बेटा रहलें, के शासन रहे। अल-बरूनी के प्रसिद्ध विद्वान इब्न सीना (अविसेना) से चिठ्ठी-पत्री होखल करे। एह दुनो महान विद्वान के बीच कई विषय पर विचार-विमर्श भइल, आ ओह बातचीत के कुछ लिखित अभिलेख आजुओ उपलब्ध बाड़ें।
998 ईस्वी में अल बरूनी तबरिस्तान के ज़ियारिद शासक क़ाबूस (शासनकाल: 977–981 आ 997–1012 ईस्वी) के दरबार में गइलें। ओहिजा रहत ऊ अपना पहिलका महत्वपूर्ण किताब अल-आसार अल-बाक़िया अन अल-क़ुरून अल-खालिया लिखलें। एह किताब में इतिहास आ वैज्ञानिक कालक्रम के विस्तार से चर्चा कइल गइल बा। एकर अंग्रेजी अनुवाद क्रोनोलॉजी ऑफ एंशिएंट नेशंस (प्राचीन राष्ट्रन के कालक्रम) आ वेस्टिजेज ऑफ द पास्ट (अतीत के अवशेष) के नाम से जानल जाला। मानल जाला कि ई किताब लगभग 1000 ईस्वी में लिखल गइल रहे, हालाँकि बाद में अल बरूनी एह में कुछ संशोधनो कइलन। एह दौरान ऊ बावंदिद शासक अल-मर्जुबान के दरबार में भी गइल रहलन।जब ई साफ हो गइल कि अफ़्रीग़िद वंश के शासन पूरा तरीका खतम हो चुकल बा आ मामूनी वंश अब ख्वारिज्म पर मजबूती से राज करत बा, तब बरूनी मामूनी शासक लोग से मेल-जोल बना लिहलें। ओह समय गुरगंज (जे ख्वारज़्म में स्थित रहे) के दरबार धीरे-धीरे प्रसिद्ध हो रहल रहे, काहेकि ओहिजा बहुत प्रतिभाशाली वैज्ञानिक आ विद्वान एक जगह जुटत रहलें।
भौतिक बिज्ञान
[संपादन करीं]बरूनी मध्यकालीन मैकेनिक्स में साइंटिफिक मेथड के इस्तेमाल के बढ़ावा देवे वाला प्रमुख बिद्वान लोगन में से रहलें। ऊ घनत्व (डेंसिटी) मापे खातिर एक्सपेरिमेंट पर आधारित तरीका डेवलप कइलें। एह काम खातिर ऊ एक किसिम के हाइड्रोस्टैटिक तरजूई (पानी के सिद्धांत पर काम करे वाला विशेष तरजूई) के इस्तेमाल कइलन। बरूनी के ई तरीका बहुत सटीक रहे, जवना के मदद से ऊ कीमती धातु, रत्न, आ इहाँ तक ले कि हवो के घनत्व मापे में सफल भइलें। ऊ पृथ्वी के त्रिज्या (रेडियस) निकाले खातिर एगो एक्सपेरिमेंट आधारित तरीका अपनवलें। एह खातिर ऊ पहाड़ के चोटी से क्षितिज के उन्नयन कोण मापलें आ ओकर तुलना नजदीक के समतल मैदान से देखल गइल क्षितिज के उन्नयन कोण से कइलें।
घनत्व मापे के तरीका विकसित करे के अलावा, अल-बरूनी घनत्व के विषय पर बिस्तार से लिखलें। ऊ घनत्व के अलग-अलग प्रकार आ ओह लोग के मापे के तरीका के भी समझवलें। एह विषय पर उनकर काम बाद के बैज्ञानिक अध्ययन पर बहुत गहिरा परभाव डललस।
खगोल बिद्या आ ज्योतिष
[संपादन करीं]
अल-बरूनी द्वारा लिखल 146 गो किताबिन में से 95 गो किताब खगोल विज्ञान, गणित आ एह से जुड़ल विषय, जइसे गणितीय भूगोल, पर आधारित रहल। ऊ इस्लामी स्वर्ण युग के समय जीयलें। ओह दौर में अब्बासी ख़लीफ़ा लोग खगोल विज्ञान के शोध के बढ़ावा देत रहे। एकर कारण खाली वैज्ञानिक जिज्ञासा ना रहे, बल्कि एकर धार्मिक महत्व भी रहे। इस्लाम में इबादत आ नमाज़ सही तरीका से करे खातिर पवित्र स्थानन के सही दिशा के जानकारी जरूरी मानल जाला, आ ई दिशा के सही-सही पता खगोलीय आँकड़वने के मदद से लगावल जा सके ला।
अल-बरूनी अपना प्रसिद्ध ग्रंथ तहक़ीक़ मा लि-ल-हिन्द (किताब उल हिंद) में भारतीय ज्योतिष (भारतीय खगोल बिद्या) पर बिस्तार से टिप्पणी लिखलें। एह ग्रंथ के बहुत हिस्सा आर्यभट के रचना के अनुवाद आ व्याख्या पर आधारित रहल। एहिजे अल-बरूनी ईहो दावा कइलें कि ऊ पृथ्वी के घूर्णन (अपना धुरी पर घूमे) से जुड़ल प्रश्न के समाधान अपना एगो खगोल विज्ञान संबंधी ग्रंथ मिफ्ताह इल्म अल-हयअ (खगोल विज्ञान के कुंजी) में दे चुकल रहलें। हालाँकि, ई ग्रंथ आज उपलब्ध नइखे।
अल-बरूनी अपना प्रमुख खगोलीय ग्रंथ क़ानून मसऊदी में ई बतवलें कि टॉलेमी के मत के विपरीत, सूरज के अपसौर (आकाश में ओकरा उच्चतम स्थिति) स्थिर ना होकर समय के साथ बदलत रहेला। अल-बिरूनी एस्ट्रोलेब पर एगो अलग ग्रंथ भी लिखलें, जवना में ई यंत्र के इस्तेमाल करके समय पता करे आ भूमि सर्वेक्षण में चतुर्थांश यंत्र (क्वाड्रेंट) के रूप में उपयोग करे के तरीका समझवले बाड़ें। एह ग्रंथ में आठ गो गियर वाला एगो यंत्र के चित्र भी मिलेला, जवना के बाद में विकसित भइल मुस्लिम एस्ट्रोलेब आ घड़ी के प्रारंभिक रूप मानल जाला।
बहुत बाद में, 1749 ईस्वी में डनथॉर्न अल-बिरूनी द्वारा दर्ज कइल गइल सूर्यग्रहण से जुड़ल आँकड़ा के इस्तेमाल करके चंद्रमा के त्वरण निर्धारित करे में मदद लिहलें। एकरे साथे, विषुव (इक्विनॉक्स) के समय आ ग्रहण से संबंधित अल-बरूनी के दिहल आँकड़ा के पृथ्वी के अतीत के घूर्णन के अध्ययन में भी उपयोग कइल गइल।
धर्म के इतिहास
[संपादन करीं]अल-बरूनी के धर्म के इतिहास के सबसे महत्वपूर्ण मुस्लिम बिद्वान लोगन में गिनल जाला। तुलनात्मक धर्म अध्ययन के क्षेत्र में ऊ अगुआ विद्वान मानल जालें। ऊ जरथुस्त्र धर्म, यहूदी धर्म, हिंदू धर्म, ईसाई धर्म, बौद्ध धर्म आ इस्लाम समेत कई धर्म के गहराई से अध्ययन कइलें आ उनकर आपस में तुलनो कइलें।
अल-बिरूनी इस्लाम के सबसे श्रेष्ठ धर्म मानें। उनका अनुसार, अलग-अलग धर्म आ संस्कृति के तुलना करे से ई समझल जा सकेला कि इस्लाम के व्यवस्था दूसर अउरी धर्मन के रीति-रिवाज से कइसे अलग बा। हालाँकि, एकरे साथे ऊ दुसरे संस्कृति आ धर्म सभ के कई बातन के खुला मन से सरहबो कइलें। कवनो धर्म पर अपना निष्कर्ष देवे से पहिले ऊ अक्सर ओह धर्म के पवित्र ग्रंथन से सीधे कोटेशन देवे के कोसिस करें। उनकर कोसिस ई रहे कि हर धर्म के ओह धर्म के अपना नजरिया से समझल जाव, ना कि खाली ओकरा के गलत साबित करे के कोसिस कइल जाव। अल-बिरूनी के मान्यता रहे कि दुनिया के सभे संस्कृति एक-दूसरा से जुड़ल बाड़ी स, काहेकि सभे मानव समाज के रचना हई। एह कारण, चाहे अलग-अलग संस्कृति एक-दूसरा से कतनो अलग किसिम के काहे ना लागे, तबो सभ में एगो साझा मानवीय आधार मौजूद बा।
अल-बिरूनी हिंदू समाज के दू वर्ग में बाँटलें—शिक्षित आ अशिक्षित। उनका अनुसार, शिक्षित हिंदू एकेश्वरवाद में विश्वास रखेलें। ऊ मानेलें कि भगवान एके बा, अनादि, अनंत आ सर्वशक्तिमान, आ मूर्ति-पूजा के अस्वीकार करे लें। दुसरा ओर, अशिक्षित लोग अनेक देवी-देवता के मूर्ति के पूजा करे ला। हालाँकि, अल-बिरूनी इहो बात लिखलन कि भगवान के मनुष्य जइसन रूप में माने के धारणा खाली कुछ हिंदूए लोग में ना, बलुक कुछ मुसलमान समूह, जइसे जबरिया, में भी मिले ला।
एंथ्रोपोलॉजी
[संपादन करीं]अल-बरूनी भारतीय उपमहाद्वीप के लोग, उनकर रीति-रिवाज, संस्कृति आ धर्म के बारे में बहुत बिस्तार से लिखलें। विद्वान अकबर एस. अहमद के हिसाब से, अल-बरूनी के अध्ययन के तरीका आज के आधुनिक एंथ्रोपोलॉजिस्ट (मानवविज्ञानी) लोग से बहुत मिलत-जुलत रहे। ऊ जवन समाज के अध्ययन करत रहलें, ओह लोग के बीच रहके उनकर जीवन के बारीकी से देखत रहलें, उनकर भाषा सीखत रहलें आ उनकर मूल ग्रंथ के पढ़त रहलें। एह अध्ययन के आधार पर ऊ अपना निष्कर्ष निष्पक्षता आ वस्तुनिष्ठता के साथ प्रस्तुत कइलें आ अलग-अलग संस्कृति के आपस में तुलनो कइलन। एही कारण अकबर एस. अहमद के मत बा कि अल-बरूनी के दुनिया के पहिलका एंथ्रोपोलॉजिस्ट मानल जा सकेला। हालाँकि, कुछ दूसर बिद्वान लोग एह मत से सहमत ना बाटे। ओह दुसरहा लोगन के बिचार बा कि परंपरागत अर्थ में अल-बरूनी के मानवविज्ञानी कहल ठीक ना होई, भलहीं उनुकर अध्ययन-पद्धति में मानवविज्ञान के कई महत्वपूर्ण विशेषता मौजूद बाड़ी स।
धार्मिक नजरिया
[संपादन करीं]अल-बरूनी मुस्लिम धर्म के समालोचनात्मक चिंतक रहलें। अपना अध्ययन में ऊ 'अक्ल' (तर्क) आ 'नक्ल' (धार्मिक ग्रंथन से मिलल ज्ञान), दुनु के एक साथे महत्व देत रहलें। इस्लाम में उनुकर बिस्वास रहल हालाँकि, ऊ ओह लोगन में शामिल रहलन जे ई माने की अल्लाह के करीब पहुँचे खातिर ओकर रचना के नजदीकी से बूझल जरूरी बाटे।[6]
अल-बरूनी कतहूँ साफ-साफ ई ना बतवलें कि ऊ सुन्नी रहलें कि शिया। ऊ खाली अपना के मुसलमान कहले बाड़ें। इतिहासकार वाल्टर जे. फिशेल के अनुसार, अल-बरूनी "सबसे महान मुस्लिम हिब्रूइस्ट"[नोट 1] रहलें।
यासिर क़ाधी के अनुसार, अल-बरूनी हदीस समर्थक (प्रो-हदीस) ना रहलें, बल्कि ऊ हदीसन के प्रति समालोचनात्मक नजरिया रखे वाला ब्यक्ति रहलें। जवन हदीस बिज्ञान से मेल ना खाए, अल-बरूनी ओकरा के स्वीकार ना करत रहलें। उदाहरण खातिर, आशूरा के रोजा से जुड़ल एगो हदीस—जे सहीह अल-बुखारी में मिलेला—के ऊ ऐतिहासिक आ बैज्ञानिक आधार पर अस्वीकार कइलें। उनका अनुसार, हिजरत के दुसरका बरिस में मुहर्रम के दसवाँ दिन (आशूरा) यहूदी धर्म के योम किप्पुर (तिशरी महीना के दसवाँ दिन) के साथ एके दिन ना पड़ सकेला। एह बात के साबित करे खातिर ऊ खगोलीय आ ऐतिहासिक गणना के सहारा लिहलें। एह से उनका मत में ई दावा कि पैगंबर मुहम्मद यहूदी लोग के रोजा देखके आशूरा के रोजा रखलें, ऐतिहासिक आ खगोलीय दृष्टि से सही नइखे।
अल-बरूनी अबू बकर, उमर इब्न अल-खत्ताब, उस्मान इब्न अफ्फान, अली इब्न अबी तालिब आ हसन इब्न अली के खलीफा मानत रहलें। जबकि उमय्यद शासकन के ऊ राजा आ अब्बासी शासकन के इमाम कहत रहलें। अल-बरूनी मुताज़िला मत के विरोध में फैलावल गइल गलत आरोपन के खंडन कइलें आ ओह लोग के पक्ष में तर्क दिहलें। ऊ सूफी मत के कई ठे बिचारन के आलोचनो कइलें।
अल-बरूनी जेतना साफ़-साफ़ रूप से इस्लाम के ना स्वीकार करे जोग मान्यता सभ के खारिज करत रहलें, ओतने साफ़ तरीका से रूप से ऊ दुसर धर्मन, खास करके ईसाई धर्म, के अनुचित आलोचना के विरोधो करत रहलें। हालाँकि ऊ ईसाई धर्म में मानल जाए वाली ट्रिनिटी (Trinity) के सिद्धांत के आलोचना कइलें, काहें से कि उनकर मानल ई रहे कि तौरात आ इंजील में "पिता" आ "पुत्र" शब्द के इस्तेमाल कई जगह प्रतीकात्मको अर्थन में भइल बा, खाली भर शाब्दिके अर्थ में नाहीं।
रचना सभ
[संपादन करीं]अल बरूनी के अधिकतर रचना सभ अरबी भाषा में लिखल गइल बा। हालाँकि, मानल जाला कि ऊ किताब अल-तफ़हीम के फ़ारसी आ अरबी, दुनो भाषा में लिखलें, जे ई बतावेला कि दुनो भाषा पर उनकर समान रूप से अच्छा अधिकार रहे। जब बरूनी अपना जीवन के 65वाँ चंद्र बरिस (लगभग 63वाँ सौर बरिस, यानी 1036 ईस्वी) तक पहुँचलें, तब ऊ अपना लिखल किताब आ रचना सभ के एगो लिस्ट खुदे तइयार कइलें। एह लिस्ट में कुल 103 गो रचना सभ के जिकिर बा, जिनहन के ऊ 12 गो विषय में बाँटलन। एह विषयन में खगोल विज्ञान, गणितीय भूगोल, गणित, फलित ज्योतिष से जुड़ल गणना आ ग्रहन के स्थिति (आस्पेक्ट्स - जनमकुंडली में), खगोलीय यंत्र, कालक्रम (क्रोनोलॉजी), धूमकेतु, एगो अइसन श्रेणी जेकरे बिसय के कवनो नाँव ना दिहलें, ज्योतिष, संस्मरण आ रोचक घटना, धर्म, आ अइसन किताब शामिल रहलीं जे बाद में उनकर खुदे कि लगे उपलब्ध ना रह गइल रहलीं। नीचे इनहन के पूरा लिस्ट दिहल जा रहल बाटे:
लिस्ट
[संपादन करीं]| अरबी नाम (देवनागरी लिप्यंतरण) | अरबी लिपि | अंग्रेज़ी नाम | विषय |
|---|---|---|---|
| तहक़ीक़ मा लि-ल-हिन्द | تحقيق ما للهند من مقولة معقولة في العقل أو مرذولة | A Critical Study of What India Says, Whether Accepted by Reason or Refused (Kitāb al-Hind, Indica, Alberuni's India) | भारत के धर्म, दर्शन, संस्कृति, समाज आ ज्ञान-परंपरा के व्यापक अध्ययन। |
| किताब अल-तफ़हीम लि-अवाइल सिना'अत अल-तनजीम | كتاب التفهيم لأوائل صناعة التنجيم | Book of Instruction in the Elements of the Art of Astrology (Understanding Astrology) | ज्योतिष, गणित आ खगोल विज्ञान के परिचय; प्रश्न–उत्तर शैली में लिखल ग्रंथ। ई अरबी आ फ़ारसी दुनो भाषा में उपलब्ध बा। |
| अल-आसार अल-बाक़िया अन अल-क़ुरून अल-खालिया | الآثار الباقية عن القرون الخالية | The Remaining Signs of Past Centuries (Kitab al-Āthār al-Bāqīyah ‘an al-Qurūn al-Khālīyah) | अलग-अलग सभ्यता के पंचांग (कैलेंडर) के तुलनात्मक अध्ययन; एह में इतिहास, गणित, खगोल विज्ञान आ सांस्कृतिक कालक्रम से जुड़ल जानकारी बा। |
| क़ानून मसऊदी | قانون مسعودي | The Mas'udi Law | खगोल विज्ञान, भूगोल आ अभियंत्रण (इंजीनियरिंग) पर आधारित विश्वकोश। |
| — | — | Pharmacy | औषधि, दवाई आ औषधीय पदार्थ (फार्मेसी)। |
| अल-जमाहिर फी मआरिफ़त अल-जवाहिर | الجماهر في معرفة الجواهر | Gems | खनिज, रत्न आ भूविज्ञान। |
| — | — | A History of Mahmud of Ghazni and His Father | महमूद ग़ज़नवी आ उनका पिता के इतिहास। |
| — | — | A History of Khwarezm | ख्वारज़्म के इतिहास। |
| रिसाला लि-अल-बिरूनी | رسالة للبيروني | Risālah li-al-Bīrūnī (Epître de Berūnī) | पत्र (रिसाला) या विद्वत् निबंध; विषय निश्चित रूप से ज्ञात नइखे। |
देन आ विरासत
[संपादन करीं]
अल बरूनी के निधन के बाद उनका काम पर ना त आगे खास रिसर्च भइल आ ना बाद के विद्वान लोग उनकर रचना के अधिक जिकिर कइल। कई सदी बाद, जब ब्रिटिश राज के समय भारत के इतिहास आ संस्कृति के अध्ययन में फेर से रुचि बढ़ल, तब भारत पर लिखल अल बरूनी के रचना के दोबारा पढ़ल आ अध्ययन कइल गइल।[7]
अल बरूनी के सम्मान में चंद्रमा पर स्थित एगो क्रेटर के नाम अल-बरूनी रखल गइल बा।[8] 9936 अल-बरूनी एस्टेरॉयड के नाम भी उनका सम्मान में रखल गइल बा। अंटार्कटिका में स्थित बरूनी टापू के नाँव इनहीं के नाँव पर रखल गइल बा। ईरान में हर साल अल बरूनी के जनमदिन पर सर्वे इंजीनियर लोग के सम्मानित कइल जाला; सर्वे इंजीनियर दिवस के रूप में मनावल जाला।[9]
जून 2009 में ईरान वियना में स्थित संयुक्त राष्ट्र कार्यालय के एगो मंडप (पैविलियन) भेंट कइलस। मंडप वियना इंटरनेशनल सेंटर के केंद्रीय स्मारक प्रांगण में स्थापित बा। "स्कॉलर्स पैविलियन" नाम के एह मंडप में ईरान के चार गो महान विद्वान—इब्न सीना (अविसेना), अबू रैहान अल-बरूनी, ज़करिया राज़ी (रहेज़) आ उमर ख़य्याम—के मुर्ती लगावल गइल बा।[10]
इहो देखल जाय
[संपादन करीं]- किताब-उल-हिंद भा अल-बरूनी के भारत
- इब्न सीना (अविसेना)
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ Kennedy 1975, p. 394.
- ↑ Ataman 2008, p. 58.
- ↑ Bosworth 2000.
- ↑ Strohmaier 2006, p. 112
MacKenzie 2000
Curtis & Stewart 2009, p. 85
Dale, Stephen F. (3 May 2018). Babur: Timurid Prince and Mughal Emperor, 1483–1530 (अंग्रेजी में). Cambridge University Press. p. 142. ISBN 978-1-316-99637-9.
Bosworth, C. E. (1968). "The Political and Dynastic History of the Iranian World (A.D. 1000–1217)". In Boyle, J.A. (ed.). The Cambridge History of Iran: The Saljuq and Mongol Periods. Vol (अंग्रेजी में). Cambridge University Press. pp. 7–141.Page 7: "The Iranian scholar al-Biruni says that the Khwarazmian era began when the region was first settled and cultivated, this date being placed in the early 13th-century BC)" page 141 "the Khwarazmian al-Biruni'"
Frye, Richard Nelson (February 2000). The Golden Age of Persia (अंग्रेजी में). Phoenix Publishing, Incorporated. ISBN 978-0-7538-0944-0.The contribution of Iranians to Islamic mathematics is overwhelming. ..The name of Abu Raihan Al-Biruni, from Khwarazm, must be mentioned since he was one of the greatest scientists in World History
Panaino, Antonio (27 October 2021). Erexsha'a death or self sacrifice (Italian में). Mimesis. p. 32. ISBN 978-88-575-8526-0. - ↑ Ahmed 1984, pp. 9–10.
- ↑ Scheppler 2006, p. 8.
- ↑ "Al-Biruni" (Radio broadcast). In Our Time. बीबीसी. Retrieved 5 मार्च 2023.
- ↑ "Al-Biruni". Gazetteer of Planetary Nomenclature. USGS Astrogeology Research Program.
- ↑ "Remembering al-Biruni, the most original polymath in Islamic world". nournews (अंग्रेजी में). Retrieved 8 July 2026.
- ↑ "Monument to Be Inaugurated at the Vienna International Centre, 'Scholars Pavilion' donated to International Organizations in Vienna by Iran". United Nations Information Service Vienna. 5 June 2009. Retrieved 11 September 2016.
ग्रंथ
[संपादन करीं]- Scheppler, Bill (15 January 2006). Al-Biruni: Master Astronomer and Muslim Scholar of the Eleventh Century. The Rosen Publishing Group, Inc. ISBN 978-1-4042-0512-3. Retrieved 4 August 2026.
बाहरी कड़ी
[संपादन करीं]| Media from Commons | |
| Quotations from Wikiquote | |
| Source texts from Wikisource | |
| Database entry Q11826 on Wikidata | |
- भारत : अल बिरूनी (किताब उल हिंद का हिंदी अनुवाद), नेशनल बुक ट्रस्ट से छपल पूरा किताब।
- अलबरूनी का भारत, सन्तराम बी. ए. (किताब उल हिंद का हिंदी अनुवाद), इंडियन प्रेस, इलाहाबाद से छपल पूरा किताब।
- अल-बेरूनी: समय को 'क़ैद करने' की कोशिश करने वाले वैज्ञानिक, जिन्हें भारतीय सभ्यता में रुचि थी, बीबीसी हिंदी क एगो स्टोरी।
- The works of Abu Rayhan (al-)Biruni Archived 2017-05-06 at the Wayback Machine – manuscripts, critical editions, and translations compiled by Jan Hogendijk
- Digitized facsimiles of works by al-Biruni at the British Library:
- the Script error: The function "transl" does not exist. Archived 26 मार्च 2023 at the Wayback Machine
- the Script error: The function "transl" does not exist. Archived 14 मार्च 2023 at the Wayback Machine
- the Script error: The function "transl" does not exist. Archived 14 मार्च 2023 at the Wayback Machine
- ↑ इस्लाम के अइसन बिद्वान लोग के हिब्रूइस्ट कहल जाला जे लोग कुरआन आ हदीस के ब्याख्या करे में हिब्रू धर्म-ग्रंथ सभ, जइसे कि हिब्रू बाइबिल, तौरात आ इंजील के मदद लेवे ला।
<ref> tags exist for a group named "नोट", but no corresponding <references group="नोट"/> tag was found.