अल्फ्रेड रसेल वालस
Alfred Russel Wallace OM FRS | |
---|---|
![]() 1895 में वॉलस | |
जनम | Llanbadoc, Monmouthshire[नोट 1] | 8 जनवरी 1823
निधन | 7 नवंबर 1913 (उमिर 90) Broadstone, Dorset, England |
काम के क्षेत्र |
|
Known for |
|
Author abbrev. (botany) | Wallace |
जीवन साथी | Annie Mitten (m. 1866) |
संतान | Herbert, Violet, William |
अल्फ्रेड रसेल वॉलस (1823–1913) एगो अंग्रेज[1][2][3] वैज्ञानिक रहलें जे प्रकृति, जानवरन, आ धरती के बारे में खूब पढ़ाई-लिखाई कइले रहलें। ऊ "प्राकृतिक चयन" के ज़रिए प्रजातियन के विकास के सिद्धांत अपने आप से खोजले रहलें। उनकर 1858 में छपल लेख, चार्ल्स डार्विन के लिखल चीज़न के साथे छपल, जेकरा से डार्विन के जल्दी से आपन किताब On the Origin of Species लिख के पूरा के प्रेरणा मिलल।
वॉलेस अमेज़न आ मलय द्वीपसमूह (Malay Archipelago) में बहुत फील्डवर्क कइले रहलें। ओहिजा ऊ "वॉलस लाइन" के खोज कइलन, जे बतावेला कि एह लाइन के एक ओर के इलाका में जानवर एशिया वाला बा लोग, आ दुसरहा ओर में ऑस्ट्रेलिया वाला। एह चलते वॉलेस के जीव भूगोल (जीव-जानवर कहाँ-कहाँ कई कइसे बितरित बा, एकर अध्ययन) के जनक (father of Biogeography) कहल जाला।
ऊ रंग-बिरंग के जानवरन के बारे में सोचलें, आ देखवलें कि प्रकृति कइसे प्रजातियन के अलग-अलग बनावे में मदद करेला। 1904 में उनकर किताब "Man's Place in the Universe" में ऊ दूसर ग्रह पर जीवन हो सकेला कि ना – ए विषय पर सीरियस रिसर्च कइले रहलें।
विज्ञान के अलावा, वॉलस समाजिक मुद्दा पर भी बोललन। ऊ 19वीं सदी के ब्रिटेन के गलत सामाजिक-आर्थिक सिस्टम के आलोचना कइले रहलें। ऊ "spiritualism" (आध्यात्मिकता) में भी विश्वास करत रहलें, जेकरा चलते कुछ वैज्ञानिक लोग से उनकर मतभेद हो गइल। ऊ पर्यावरण पर इंसान के असर के लेके सबसे पहिले चेतावनी देवे वाला वैज्ञानिकन में से एक रहलें।
उनकर किताब "The Malay Archipelago", जे 1869 में छपल, आजो लोग पढ़ेला आ पसंद करेला।
नोट
[संपादन करीं]- ↑ Though today in Wales, Monmouthshire's status was ambiguous at the time and was even considered by some to be in England, which it borders.
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ Wallace, Alfred Russel (1905). My Life: A Record of Events and Opinions. Wellcome Library. London: Chapman & Hall, Ld. p. 34.
I was the only Englishman who had lived some months alone in that country....
- ↑ Wallace 1869, p. 261, "Now we Englishmen do not like despotism— we hate the name and the thing, and we would rather see people ignorant, lazy, and vicious, than use any but moral force to make them wise, industrious, and good....".
- ↑ Wallace 1869, p. 552, "and being (as far as I am aware) the only Englishman who has seen these wonderful birds in their native forests, and obtained specimens of many of them, I propose to give here, in a connected form, the result of my observations and inquiries....".
बाहरी कड़ी
[संपादन करीं]![]() |
विकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया Alfred Russel Wallace पर मौजूद बा। |
![]() | ई जीवनी लेख केहू बैज्ञानिक की बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |