Jump to content

अमेरिकी नेशनैलिटी कानून

विकिपीडिया से

अमेरिका के नेशनैलिटी कानून चाहे अमेरिकी नेशनैलिटी कानून ओ शर्तन के बतावे ला, जवन में कवनो आदमी अमेरिका के नेशनैलिटी रखेला। अमेरिका में, नागरिकता आम तौर पर अमेरिका के संविधान, अलग-अलग कानून, आ अंतरराष्ट्रीय समझौता के तहत मिलेला। अमेरिका में जनमल लोगन खातिर नागरिकता संविधान से मिले वाला अधिकार ह, एह में कवनो विशेषाधिकार ना ह। जवन लोग अमेरिका में जनमल बा आ जवन लोग "नैचरलाइज़" भइले बा, ऊ नागरिकता के हकदार होलें।

"नागरिक" आ "नेशनल" शब्द कई बेर एके जइसन इस्तेमाल होखेला, बाकिर "नेशनल" एगो बड़ा कानूनी मतलब रखेला। कवनो आदमी नेशनल त हो सकेला, बाकिर जरूरी नइखे कि ऊ नागरिक होखे। बाकिर, नागरिक सिर्फ ओही नेशनल लोग के कहल जाला, जे नागरिकता के पूरा दर्जा रखेला।

जे लोग 50 गो अमेरिका के राज्य, वाशिंगटन डीसी, या जादेतर बसल टापू सभ में जनमेला, ऊ लोग जनम से अमेरिका के नागरिक (आ नेशनल) होखेला। बस एगो अपवाद बा - "अमेरिकन समोआ" के लोग, जे जन्म से अमेरिका के गैर-नागरिक नेशनल होखेला। एह से अलावा, जदि कवनो विदेशी राजदूत लोग के बच्चा अमेरिका में जनमेला, त ऊ ना त नागरिक होई, ना नेशनल। जवन विदेशी लोग अमेरिका में बसल बा, ऊ लोग कानूनी प्रक्रिया पूरा करके, स्थायी निवासी (परमानेंट रेजिडेंट) बनके आ कम से कम पाँच साल के निवास शर्त पूरा करके नागरिकता ले सकेला।

इहो देखल जाय

[संपादन करीं]