Jump to content

अब्राहम

विकिपीडिया से

अब्राहम (मूल नाँव अब्राम;[नोट 1] अंग्रेजी: Abraham, ऍब्राहम[नोट 2]) अब्राहमिक रेलिजन (इब्राहिमी धरम) के मानने वाला लोगन में एगो बुनियादी माइथोलॉजिकल/धार्मिक व्यक्तित्व के रूप में बहुत श्रद्धा से मानल जालें। यहूदी धर्म में ऊ यहूदी लोगन के जातीय पूर्वज आ पहिला हिब्रू पितामह मानल जालें, जे यहूदी लोग आ ईश्वर (याह्वे) के बीच परंपरागत संबंध के शुरुआत कइलें। ईसाई धर्म में उनकरा के जीसस के पूर्वज आ सभ ईसाई लोगन के आध्यात्मिक पूर्वज मानल जाला।[नोट 3][1] इस्लाम में ऊ इस्लामी पैगंबरन के ओह परंपरा के एगो कड़ी हवें, जेकर शुरुआत आदम से होला आ जे मोहम्मद पर खतम होला। बहाई धर्म आ द्रूज़ धर्म जइसन दूसर अब्राहमिक धर्मवनों में अब्राहम के बहुत श्रद्धा से मानल जाला। उनकरा के, उनकर बेटा इश्माएल के जरिये अरब लोगन के साझा पूर्वज मानल जाला, आ दुसरा बेटा इसहाक के जरिये यहूदी लोगन के पूर्वज मानल जाला।

  1. ↑ Hebrew: אַבְרָם, Modern: Script error: The function "transl" does not exist., Tiberian: Script error: The function "transl" does not exist.
  2. ↑ /ˈeɪbrəhæm, -həm/; Hebrew: אַבְרָהָם, Modern: Script error: The function "transl" does not exist., Tiberian: Script error: The function "transl" does not exist.; अरबी: إِبْرَاهِيْمُ, romanized: ʾIbrāhīm; Biblical Greek: Ἀβραάμ, romanized: Abraám; लैटिन: Abrahamus
  3. ↑ Jeffrey 1992, p. 10 writes "In the NT Abraham is recognized as the father of Israel and of the Levitical priesthood (Heb. 7), as the "legal" forebear of Jesus (i.e. ancestor of Joseph according to Matt. 1), and spiritual progenitor of all Christians (Rom. 4; Gal. 3:16, 29; cf. also the Visio Pauli)"
  1. ↑ Wright 2010, p. 72.
  • Jeffrey, David Lyle (1992). A Dictionary of Biblical Tradition in English Literature. Wm. B. Eerdmans. ISBN 978-0-8028-3634-2.
  • Wright, Christopher J. H. (2010). The Mission of God's People: A Biblical Theology of the Church's Mission. Zondervan. ISBN 978-0-310-32303-7.