Jump to content

अफगानिस्तान क्रिकेट टीम

विकिपीडिया से

अफगानिस्तान पुरुष राष्ट्रीय क्रिकेट टीम (पश्तो: د افغانستان کرکټ ملي لوب‌‌‌‌‌‌ډله) इंटरनेशनल क्रिकेट में अफगानिस्तान देस के टीम हवे। ई इंटरनेशनल क्रिकेट काउंसिल (आईसीसी) के फुल मेंबर बा आ एकरा के टेस्ट, वनडे इंटरनेशनल (ODI) आ टी20 इंटरनेशनल (T20I) तीनों फारमैट में खेले के दर्जा प्राप्त बा।

अफगानिस्तान में क्रिकेट 19वीं सदी के बीच से खेलल जात रहल बा, बाकिर राष्ट्रीय टीम के असल सफलता 21वीं सदी के शुरुआत में मिले लागल। अफगानिस्तान क्रिकेट बोर्ड के स्थापना 1995 में भइल। ई 2001 में आईसीसी के सहयोगी सदस्य बनल आ 2003 में एशियन क्रिकेट काउंसिल (एसीसी) के सदस्य बन गइल। लगभग एक दशक तक इंटरनेशनल क्रिकेट खेले के बाद 22 जून 2017 के अफगानिस्तान के फुल आईसीसी मेंबरशिप आ टेस्ट दर्जा मिल गइल। आयरलैंड के साथे एह मान्यता के मिलला पर टेस्ट क्रिकेट खेले वाला देशन के संख्या बढ़ के अब बारह हो गइल बाटे।

अफगानिस्तान में लगातार चलत संघर्ष आ सुरक्षा संबंधी समस्या के कारण टीम के अपना घरेलू मैचन खातिर नया ठेकाना भारत के देहरादून में बनावे के पड़ल रहे। बाद में यूनाइटेड अरब अमीरात में स्थित शारजाह क्रिकेट स्टेडियम अफगानिस्तान पुरुष क्रिकेट टीम के मौजूदा घरेलू मैदान बन गइल बाटे।

अफगानिस्तान में क्रिकेट के पॉपुलरिटी तेजी से बढ़ल बा, आ राष्ट्रीय टीम प्रमुख इंटरनेशनल प्रतियोगितन में भाग लेके दुनिया भर में पहचान बनवले बा। मीडिया रिपोर्टन के अनुसार, टीम के सफलता के साथे देश में क्रिकेट के प्रति आम लोगन के रुचि भी बहुत बढ़ल बा।