Jump to content

अखिल भारतीय जम्हूर मुस्लिम लीग

विकिपीडिया से
अखिल भारतीय जम्हूर मुस्लिम लीग के पहिला अधिवेशन

अखिल भारतीय जम्हूर मुस्लिम लीग ( उर्दू: آل انڈیا جمہور مسلم لیگ ) के गठन 1940 में भईल रहे, अखिल भारतीय मुस्लिम लीग द्वारा पारित लाहौर प्रस्ताव के मुकाबला करे खातिर जवन अलग पाकिस्तान के वकालत कईले रहे|[1][2] अखिल भारतीय जम्हूर मुस्लिम लीग दोसरा ओर भारत के बँटवारा के विरोध कइलस।[3]

अखिल भारतीय जम्हूर मुस्लिम लीग पार्टी के पहिला अधिवेशन बिहार के मुजफ्फरपुर में भइल रहे। महमूदाबाद के राजा मोहम्मद अमीर अहमद खान के अध्यक्ष आ डॉ. मग़फूर अहमद अजाज़ी के महासचिव चुनल गइल। बाद में महमूदाबाद के राजा आपन मन बदल लिहले जिन्ना के प्रभाव में, जे बहुते दिन से पारिवारिक दोस्त रहले, आ 1941 में फेर से जिन्ना के पक्ष में शामिल हो गइले। डॉ. अजाजी के नेतृत्व में जम्हूर मुस्लिम लीग के एगो बड़ गुट भारत के बँटवारा के विरोध करे के आपन विचार मजबूत करे खातिर कांग्रेस में विलय हो गइल।[4]

  1. Sajjad, Mohammad (January 2011). "Muslim resistance to communal separatism and colonialism in Bihar: nationalist politics of the Bihar Muslims". South Asian History and Culture. 2 (1): 16–36. doi:10.1080/19472498.2011.531601. S2CID 143529965. Maghfoor Aijazi had set up the All India Jamhoor Muslim League, in 1940, to oppose Jinnah's scheme of Pakistan.
  2. Ministry of Culture, Government of India. "Maghfoor Ahmad Ajazi". amritmahotsav.nic.in.
  3. Islam, Shamsul. "Muslims against Partition". AAMRA. Retrieved 9 January 2025.
  4. Teltumbde, Anand (2016). "Sinners of the Partition". Economic and Political Weekly. 51 (18): 24–27. JSTOR 44004230.