Jump to content

अंग्रेजी अल्फाबेट

विकिपीडिया से

अंग्रेजी अल्फाबेट (अंग्रेजी: english alphabet) ऊ अल्फाबेट (वर्णमाला) ह जेकर इस्तमाल अंग्रेजी लिखे खातिर होला। आज्काल्ह के अंग्रेजी भा मॉडर्न इंग्लिश के लिखाई लैटिन-स्क्रिप्ट अल्फाबेट से कइल जाला, जेमें कुल 26 अल्फाबेट (अच्छर भा वर्ण) होखे लें, आ हर अल्फाबेट के दू रूप होला—बड़का (अपरकेस) आ छोटका (लोअरकेस)। “अल्फाबेट” शब्द खुद अल्फाबीटा से मिल के बनल बा, जवन ग्रीक अल्फाबेट के पहिलका दू ठे वर्ण सभ के नाँव हवे।[1] सबसे पुरान ओल्ड इंग्लिश लिखाई 5वीं सदी में एगो रूनिक अल्फाबेट से होखल करे, जेकर नाम फुथॉर्क रहे। बाद में, 7वीं सदी से ओल्ड इंग्लिश लैटिन अल्फाबेट के इस्तेमाल शुरू भइल, आ अगिला कई सदी में कुछ अक्षर जोड़इलें आ कुछ हट गइलें।

16वीं सदी तक आवत-आवत, आज के 26 वर्ण वाला अल्फाबेट सिस्टम लगभग स्थाई हो गइल:

अंग्रेजी में 5 ठे स्वर अच्छर (ए, ई, आइ, ओ, यू) आ 19 व्यंजन अक्षर होखेला, साथे ही 2 अच्छर (डब्ल्यू आ वाइ) अइसन बाड़ें जवन कभी स्वर त कभी व्यंजन के तरह काम कर सकेलें।[नोट 1] कुछ व्यंजन—जइसे एल, एम, एन आ आर (बोली के हिसाब से)—कभी-कभी सिलेबिक व्यंजन के रूप में भी इस्तेमाल हो सकेलें। लिखित अंग्रेजी में बहुत सारा डाइग्राफ मिलेला, जइसे—⟨च⟩ (ch), ⟨ईए⟩ (ea), ⟨ऊ⟩ (oo), ⟨श⟩ (sh), आ ⟨थ⟩ (th)। आमतौर पर अंग्रेजी में मूल शब्द लिखे खातिर डायक्रिटिक्स (ऊपर-नीचे के चिन्ह) के इस्तेमाल ना कइल जाला, जवन यूरोप के कई भाषा के लिखाई सिस्टम से एगो अलग किसिम के बात भा बिसेसता हवे।

  1. ई संस्कृत भाषा आ देवनागरी लिखाई के अंतस्थ वर्ण सभ नियन होलें; मने की स्वर आ व्यंजन के बीचा में।
  1. "Alphabet - Etymology, Origin & Meaning". etymonline. Retrieved 29 April 2026.