अंग्रेजी ग्रामर के इतिहास

विकिपीडिया से

अंग्रेजी ग्रामर के इतिहास के सुरुआत सोरहवीं सदी से सुरू होला जब विलियम बुलोकर (William Bullokar) के पैंफलेट ऑफ़ ग्रामर (Pamphlet for Grammar) छपल। अंग्रेजी के सुरुआती ग्रामर लैटिन भाषा के ग्रामर के आधार बना के बनावल गइल रहे। फोनोलॉजी मने कि ध्वनीशास्त्र वगैरह के चीज एह में उनईसवीं सदी में जुड़ल।