अंक

अंक (अंग्रेजी: numerical digit; न्यूमेरिकल डिजिट), जेकरा अंग्रेजी में खाली भर डिजिट चाहे न्यूमरल (numeral) कहल जाला, सिंगल (एक ठो) चीन्हा होला — जइसे “1” जेकर इस्तेमाल नंबर सभ के लिख के बतावे खातिर कइल जाला; ई अकेलहू इस्तेमाल हो सकेला, आ अइसन कई गो चीन्हा मिल के (कंबीनेशन में) कौनों नंबर (के लिखल रूप) बना सके लें — जइसे “15” जेह में दू गो अंक सभ क इस्तमाल कइल गइल बाटे। ई चीन्हा सभ पोज़िशनल नोटेशन (positional notation) में नंबर के लिख के देखलावे खातिर बनावल गइल हवें, इनहन से बनल सिस्टम के अंग्रेजी में न्यूमेरल सिस्टम आ हिंदी में अंक पद्धति कहल जाला; जइसे हमनी के रोज़ के इस्तेमाल वाला दशमलव सिस्टम (बेस–10 सिस्टम)।
“डिजिट” शब्द लैटिन भाषा के dígiti (मतलब: अँगुरी) से आइल बा। अंक शब्द संस्कृत में 'चीन्हा' के अर्थ में इस्तेमाल होला।
अइसन कवनहूँ नंबर सिस्टम, जेह में बेस (base) पूरा संख्या होखे — ओ में जरूरत वाला अंक सभ के गिनती उहे होला जेतना ओ बेस के वैल्यू होखे।
उदाहरण खातिर:
- दशमलव (डेसिमल, decimal, base 10) में 10 डिजिट चाहे लें — 0 से 9 तक।
- बाइनरी (binary, base 2) में बस 2 डिजिट — 0 आ 1 होखे लें।
- जवन बेस 10 से ऊपर होखे, ऊ जादे डिजिट माँगे ला; जइसे हेक्साडेसिमल (hexadecimal, base 16) में 16 डिजिट इस्तेमाल होखे — 0 से 9 आ ओकरा आगे A से F तक ले।
इहो देखल जाय
[संपादन करीं]- हिंदू–अरबी नंबर सिस्टम
- नंबर सिस्टम
- डिजिटल
- गिनती (भाषा बिज्ञान) (Numeral (linguistics))
| ई गणित-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |