काशी विद्यापीठ

विकिपीडिया से
महात्मा गांधी काशी विद्यापीठ
पुरान नाँव
काशी विद्यापीठ
मोटोविद्ययाऽमृतमश्नुते
Motto in English
"Knowledge imparts immortality."
स्थापना1921
प्रकारसरकारी
वाइसचांसलरडॉ. पृथ्वीश नाग
लोकेशनबनारस, उत्तर प्रदेश, भारत
पुकारनाँवविद्यापीठ
वेबसाइटwww.mgkvp.ac.in
Map
ज़ूम करे लायक नक्सा पर लोकेशन

महात्मा गांधी काशी विद्यापीठ उत्तर प्रदेश के बनारस शहर में एगो सरकारी विश्वविद्यालय बा। ई राज्य विश्वविद्यालय हवे आ एकर स्थापना 1921 में भइल। वर्तमान में एह विश्वविद्यालय से ढेर सारा कालेज संबद्ध बाने आ ई कला, बिज्ञान, लॉ आ कामर्स बिसयन में ग्रेजुएशन, पीजी आ रिसर्च के कोर्स चला रहल बा।

विश्वविद्यालय के स्थापना शिव प्रसाद गुप्त आ भगवान दास के कोसिस के चलते भइल आ महात्मा गाँधी एकर उद्घाटन कइलें। पहिले एकर नांव खाली "काशी विद्यापीठ" रहे, 1995 में एकर नाँव "महात्मा गांधी काशी विद्यापीठ" कइल गइल।

संदर्भ[संपादन करीं]