टेम्पलेट:Main page FA/Item2

विकिपीडिया से
भारत के झंडा
भारत के झंडा

भारत, पूरा नाँव भारत गणराज्य, दक्खिन एशिया में एगो देश बा। भारतीय साहित्य में एकरा के जम्बूद्वीप, आर्यावर्त, आ अजनाभदेश भी कहल गइल बा। क्षेत्रफल के हिसाब से बिस्व के सातवाँ, जनसंख्या अनुसार दुनिया के दुसरा सबसे सबसे बड़हन देस बाटे।

उत्तर में हिमालय, दक्खिन में हिंद महासागर, पच्छिम में अरब सागर आ पूरुब ओर बंगाल के खाड़ी से घेराइल ई एह क्षेत्र आ बिस्व में एक ठो महत्वपूर्ण आर्थिक, राजनीतिक आ सैनिक ताकत बा। बिस्व के सबसे बड़हन लोकतंत्र आ बिस्व में दसवाँ सबसे बड़हन अर्थव्यवस्था (नामिक जी॰डी॰पी॰ पर) हऽ।

हिमालय के ऊँच पहाड़, उत्तरी भारत के मैदान, दक्खिनी प्रायदीप के पठार आ समुंदरी किनारा के मैदान एकर प्रमुख भूगोलीय हिस्सा बाने; पच्छिम में थार के सूखा रेगिस्तान से ले के दूर पुरुब में चेरापूँजी आ मॉसिनराम संसार के सभसे ढेर बरखा वाला जगह इहाँ बा।

गंगा नदी इहाँ के राष्ट्रीय नदी बा आ महावीर अउरी गौतम बुद्ध नियर लोग के करमभूईं रहल बा। भारतीय संस्कृति के सभसे मुख्य बिसेसता बा एकर बहुरंगी रूप। भारत में बहुत प्रकार के जाति, प्रजाति आ धर्म के लोग बाटे आ भारत के एक क्षेत्र से दूसरा क्षेत्र में खान-पान, रहन-सहन जइसन चीजन में बहुत अंतर होखले के बावजूद भारतीय संस्कृति के एगो अलग पहचान बा।