हरमुनिया

विकिपीडिया से
एक ठो हरमुनिया (पेटी)

हरमुनिया, हारमोनियम या पेटी एक ठो बाजा हवे जेह में भाथी चला के हवा पंप कइल जाला आ पत्ती नियर बटन सभ के दबावे पर हवा अलग-अलग पाइप से निकले ले जिनहन में धातु के पातर पत्ती (रीड) लागल होला जेकरे कंपन से अलग-अलग सुर के आवाज निकले ला।

हरमुनिया मूल रूप से बिदेसी बाजा हवे, वास्तव में ई पंप ऑर्गन के एक ठो प्रकार हवे, जे भारतीय संगीत में अब अतना समाहित हो चुकल बा की ई भारतीय बाजा सभ में बहुत महत्वपूर्ण मानल जाला। लगभग हर तरह के शास्त्रीय, उप-शास्त्रीय या लोगगीत के गवैया लोग गायकी के साथ सहजोगी बाजा के रूप में एकर इस्तेमाल करे ला।

संदर्भ[संपादन करीं]