ट्रफ

विकिपीडिया से
Satellite image of the Cayman Trough.
Bathymetric features of the Rockall Trough northwest of Scotland and Ireland

ट्रफ, (अंग्रेजी: Trough; हिंदी: द्रोणी) समुंद्र के तली के एगो थलरूप हवे जे आमतौर पर लमछर आकार में नीचे धँसल हिस्सा होला। ई एक ठो दोना नियर या नाइ नियर होला जेकर बीच के हिस्सा धँसल होला आ किनारे पर ऊँच हिस्सा होला। ई समुंद्री खाईं से अलग होला काहें कि खाईं में गहिराई ढेर होले आ दुन्नों किनारन के ढाल तेज होला।