सोलर इंपल्स

विकिपीडिया से
सोलर इंपल्स
Solar Impulse
सोलर इंपल्स 1 के ब्रसेल्स हवाई अड्डा पर लैंडिंग, 13 मई 2011 के एकरे पहिली उड़ान के बाद।
Role प्रयोग खातिर सौर ऊर्जा बिमान
National origin स्विस
Manufacturer सोलर इंपल्स
First flight 3 दिसंबर 2009
Number built 2 (प्रोटोटाइप के जोड़ के)

सोलर इंपल्स (अंग्रेजी: Solar Impulse) स्विट्जरलैंड के एक ठो प्रोजेक्ट बाटे जवन लंबी दूरी वाला प्रयोग खातिर बनल सौर उर्जा बिमान प्रोजेक्ट बाटे। इहे नाँव एह प्रोजेक्ट के तहत उड़े वाला जहाज के भी बाटे।[1] ई प्रोजेक्ट के पइसा-रुपया के सगरी ब्यवस्था निजी रूप से दू लोग - स्विट्जरलैंड के इंजिनियर आ बिजनेसमैन आंद्रे ब्रोशबर्ग आ स्विट्ज़रेलैंड के बर्ट्रेंड पिकार्ड, जे एगो पाइलट बाड़ें, मिल के कइले बाटे।[2] सोलर इंपल्स के मुख्य मकसद पुरा तरीका से खाली सौर उर्जा से उड़े वाला बिमान से पृथ्वी के चक्कर लगा के बिना प्रदूषण वाली उर्जा आ टेक्नालॉजी के ओर दुनिया भर के लोगन के धियान खींचल बाटे।[3] एही मकसद के ऊपर आपन बिचार बतावत घरी, फ़ोर्ब्स पत्रिका में माइक स्कॉट लिखलें कि: "अगर हमनी खाली सौर उर्जा के प्रयोग आ उर्जा एफिशिएंसी बढ़ावे वाली टेक्नालॉजी के इस्तेमाल से पुरा बिस्व के चक्कर लगावे में सफल हॉट बानी जा, प्रदूषण रहित टेक्नालॉजी के अन्य क्षेत्र सभ में इस्तेमाल के असीम संभावना साबित हो जाई।"[4]

फोटोवोल्टिक सेल से सुरुज के रौशनी से उर्जा पावे वाला ई एक सीट वाला जहाज अपने खुद के उर्जा से उड़ान के शुरुआत करे में सक्षम बाटे। एकर प्रोटोटाइप[नोट 1], जवना के सोलर इंपल्स 1 नाँव दिहल गइल, 36 घंटा ले उड़ान भरे खातिर डिजाइन कइल गइल रहल।[5] एकर पहिली टेस्ट उड़ान सन् 2009 में भइल। जुलाई 2010 में ई पुरा एक दिन-रात के उड़ान भरलस आ अपना 26 घंटा के एह उड़ान में लगभग 9 घंटा के रात के उड़ान पूरा कइलस।[6] सन् 2012 में पिकार्ड आ ब्रोशबर्ग मिलके सफलता के साथ स्विट्जरलैंड से स्पेन ले आ ओकरे बाद मोरक्को ले के उड़ान पूरा कइल।[7] सन् 2013 में अमेरिका के ऊपर से कई स्टेज के उड़ान भी भइल।[8][9]

एगो दूसर जहाज, सोलर इंपल्स 2, सन् 2014 में बन के पूरा भइल आ एह में अउरी ढेर सोलर सेल आ अधिका ताकत वाला मोटर लगावल गइल। मार्च 2015 में पिकार्ड आ ब्रोशबर्ग पुरा दुनिया के चक्कर लगावे के कोसिस सुरू कइल, ई उड़ान के सुरुआत अबु धाबी से सुरू भइल।[10] बिमान के उड़ान के प्लान अगस्त 2015 में दुनिया के चक्कर (कई खंड में) पूरा करे के रहल।[11] जून 2015 ले, जहाज एशिया के पार कर लिहलस,[12] आ जुलाई 2015 में, जापान से हवाई दीप ले के उड़ान, जवन एकर सभसे लमहर उड़ान रहल, उहो पूरा कर लिहलस।[13] हालाँकि, एह उड़ान खंड में जहाज के बैटरी के कुछ नोकसान पहुँचल जवना के मरम्मत करे में महीन्नन लागि गइल।[14] सोलर इंपल्स 2 आपन उड़ान के अप्रैल 2016 में दुबारा सुरू कइलस[15] आ कैलिफोर्निया पहुँचल।[16] मई आ जून भर में ई अमेरिका के क्रास कइलस आ 11 जून के न्यूयॉर्क पहुँचल[17]

हाल में, 20 जून के ई जहाज अपना उड़ान में अटलांटिक महासागर के पार करे खातिर न्यूयॉर्क से उड़ल[18] आ 23 जून के स्पेन के सेविल में उतरल आ पहिला अइसन उड़ान पूरा करे वाला बिमान बनल।[19]

टाइमलाइन[संपादन करीं]

  • 2003: प्रोजेक्ट के सफलता से संबंधित अध्ययन शुरू भइल
  • 2004-2005: कंसेप्ट के बिकास
  • 2006: लंबी उड़ान के प्रयोग
  • 2006-09: पहिला बिमान के निर्माण शुरू भइल
  • 2009: सोलर इंपल्स 1 के पहिली उड़ान
  • 2009–2011: आदमी सहित टेस्ट उड़ान[20]
  • 2011-12: यूरोप आ उत्तरी अफिरका में कई गो टेस्ट उड़ान
  • 2011-13: दुसरा बिमान के निर्माण सुरू (HB-SIB; सोलर इंपल्स 2)
  • 2013: सोलर इंपल्स1 के महादीपीय उड़ान, अमेरिका में[1][8][9]
  • 2014: सोलर इंपल्स 2 के पहिली उड़ान
  • 2015-16: पृथ्वी के चक्कर लगावे के कोसिस सुरू, 16 खंड में 2 साल के दौरान, उड़ान चालू...[21][22]

सोलर इंपल्स 1 (HB-SIA)[संपादन करीं]

Solar Impulse 1 – fuselage and motors
Solar Impulse 1 – wing structure

पहिला सोलर इंपल्स जहाज के रजिस्ट्रेशन HB-SIA के नाँव से भइल आ ई नमूना देखावे खातिर बनावल गइल रहल। एकर कॉकपिट बिना प्रेशर वाली रहल। एकर पाँख सिंगल रहल जवना के नीचे चार गो लिथियम आयन बैटरी एगो मोटर आ दू पंखा वाला प्रोपेलर लागल रहल। पाँख के हल्लुक बनावे खातिर कार्बन फाइबर के मधुमक्खी के छाता के डिजाइन में सजावट वाला बनावल गइल रहल।[23] 11,628 फोटोवोल्टिक सेल सभ के पाँख के ऊपर आ साइड में लगावल गइल रहल जवन दिन में सुरुज के रोशनी से बिजली पैदा करें आ रात खातिर बैटरी के चार्ज करें, ई डिजाइन सिद्धांत रूप में अनंत काल खातिर जहाज के उड़े बदे बिजली पैदा करे वाली रहल।[24][25]

जहाज के सभसे बड़हन सीमा इहे बैटरी के छमता रहल। जहाज के एकरा दिन के उड़ान के समय हासिल ऊँचाई के भी फ़ायदा के रात में इस्तेमाल करे के प्लान कइल गइल रहल।[26]

लच्छन जानकारी[संपादन करीं]

Data from Solar Impulse Project[23] and Diaz[27]

आम लच्छन

  • उड़ान दल: 1
  • लंबाई: 21.85 मीटर (71.7 फीट)
  • पाँख-बिस्तार: 63.4 मीटर (208 फीट)
  • ऊँचाई: 6.40 मीटर (21.0 फीट)
  • पाँख एरिया: 11,628 photovoltaic cells rated at 45 kW peak: 200 m2 (2,200 वर्ग फीट)
  • आस्पेक्ट रेशियो: 19.7
  • Loaded weight: 1,600 किलोग्रा॰ (3,500 पाउंड)
  • Max. takeoff weight: 2,000 किलोग्रा॰ (4,400 पौंड)
  • टेक-ऑफ स्पीड: 35 किलोमीटर प्रति घंटा (22 मील/घं)

परफार्मेंस

उड़ान इतिहास[संपादन करीं]

पहिली उड़ान आ अउरी सुरुआती उड़ान[संपादन करीं]

सोलर इंपल्स 1, पहिली उड़ान, "flea hop" टेस्ट उड़ान में, ड्यूबेनडार्फ में 3 दिसंबर 2009

26 जून 2009 के सोलर इंपल्स के पहिली बेर पब्लिक के सोझा देखावल गइल। एगो छोट उड़ान 3 दिसंबर 2009 के टेस्ट कइल गइल[28] जवना के मार्कस शेर्डल रहलें।[29]

7 अप्रैल 2010 के, जहाज 87 मिनट के टेस्ट उड़ान भरलस, एहू के पाइलट मार्कस शेरडल रहलें। ई उड़ान में जहाज 1,200 मी (3,937 फीट) के ऊँचाई ले पहुँचल[30] 28 मई 2010 के ई जहाज आपन पहिली अइसन उड़ान भरलस जवना में ई पुरा तरीका से सौर उर्जा से चलल आ साथे साथ बैटरी भी चार्ज कइलस।[31]

पहिली रातभर के उड़ान[संपादन करीं]

आठ जुलाई 2010 के सोलर इम्पल्स 1 आदमी के साथ आपन पहिली 26 घंटा के उड़ान कइलस जवन पुरा तरीका से सौर उर्जा पर निर्भर रहल।[32][33][34] जहाज के ब्रोशबर्ग उड़ावत रहले आ ई सेन्ट्रल यूरोपीय टाइम के हिसाब से 7 जुलाई के सबेरे 06:51 पर स्विट्जरलैंड के एगो हवाई अड्डा से उड़ान भर के अगिला दिने सबेरे 09:00 बजे लैंडिंग कइलस।[35] एह उड़ान में ई जहाज अधिकतम 8,700 मी (28,500 फीट) के ऊँचाई ले पहुँचल।[36] कौनों सौर उर्जा से चले वाला जहाज खातिर ई ओह समय के सबसे देरी ले चले वाली आ सभसे ढेर ऊँचाई ले पहुँचे वाली आदमी सहित उड़ान रहल।[37][38]

अंतर्राष्ट्रीय आ अंतराराष्ट्रीय उड़ान[संपादन करीं]

बेल्जियम आ फ़्रांस (2011)[संपादन करीं]

13 मई 2011 के लोकल समय 21:30 पर जहाज बेल्जियम के ब्रशेल्स में उतरल। स्विट्जरलैंड से ब्रेशेल्स के ई उड़ान 13 घंटा के रहल।[39] एकर पाइलट ब्रोशबर्ग रहलें।

एगो अउरी अंतर्राष्ट्रीय उड़ान के कोशिस फ्रांस में 12 जून 2011 के भइल बाकी जहाज के खाराब मौसम के कारन वापस लवटे के पड़ल।[40] दुसरा प्रयास में, 14 जून के, ब्रोशबर्ग, एगो 16 घंटा के उड़ान के बाद पेरिस में उतरलें।[41]

पहिली अंतरार्राष्ट्रीय उड़ान (2012)[संपादन करीं]

5 जून 2012 के सोलर इम्पल्स आपन पहिली अंतरमहादीपी उड़ान, 19 घंटा के, पूरा कइलस जब ई स्पेन के मैड्रिड से उड़ के मोरक्को के रबात में उतरल।[7]

अमेरिका (2013)[संपादन करीं]
14 जुलाई 2013 के, न्यूयॉर्क के जॉन एफ केनेडी एअरपोर्ट पर प्रदर्शन खातिर खड़ा सोलर इम्पल्स 1

3 मई 2013 के सोलर इम्पल्स 1 आपन अमेरिका पार उड़ान के शुरुआत कइलस आ कैलिफोर्निया से उड़ के छह खंड में आपन ई उड़ान पूरा क के 7 जुलाई के न्यू यॉर्क पहुँचल।

ई सागरी खंड (leg) 14 से 22 घंटा के बीच के समय वाला रहलें।[8][42] दूसरा खंड, जवना में ई जहाज डलास पहुँचल, अपने समय के सौर उर्जा से चले वाला जहाज खातिर नया बिस्व रेकार्ड बनवलस।[43] सोलर इम्पल्स के एह अमेरिकी उड़ान के बाद न्यूयॉर्क में प्रदर्शनी खातिर रखल गइल आ एकरा बाद अगस्त 2013 में एके खोल के (डी-असेम्बल क के) स्विट्जरलैंड में एकरे आपने मूल हवाई अड्डा पर ले जाइल गइल आ उहाँ एगो हैंगर में सुरक्षित रख दिहल गइल।

अमेरिकी उड़ान के बिस्तृत रास्ता
खंड (Leg) सुरू[44] अंत सुरुआत के जगह अंत के जगह दूरी उड़ान समय औसत गति पाइलट
1  3 मई 14:12  4 मई 08:30 मोफेट फील्ड, कैलिफोर्निया फीनिक्स, एरिजोना  कि॰मी॰ 18 घंटा 18 मिनट  कि॰मी॰/घ॰ बर्ट्रेंड पिकार्ड
2 22 मई 12:47 23 मई 07:08 फीनिक्स, एरिजोना डलास, टेक्सास 1541 km 18 घंटा 21 मिनट 84 कि॰मी॰/घ॰ आंद्रे ब्रोशबर्ग
3  3 जून 10:06  4 जून 07:28 डलास, टेक्सास सेंट लुईस, मिसौरी 1040 कि॰मी॰ 21 घंटा 22 मिनट 49 कि॰मी॰/घ॰ बर्ट्रेंड पिकार्ड
4 14 जून 11:01 15 जून 02:15 सेंट लुईस, मिसौरी सिनसिनाटी, ओहायो 15 घंटा 14 मिनट आंद्रे ब्रोशबर्ग
5 15 जून 15:10 16 जून 05:15 सिनसिनाटी, ओहायो वाशिंगटन डी॰सी॰ 14 घंटा 5 मिनट बर्ट्रेंड पिकार्ड
6  6 जुल॰ 09:56  7 जुल॰ 05:15 वाशिंगटन डी॰सी॰ न्यूयॉर्क 19 घंटा 19 मिनट आंद्रे ब्रोशबर्ग

स्रोत:[45]

सोलर इंपल्स 2[संपादन करीं]

उड़ान के बिबरन[संपादन करीं]

खंड सुरुआत[नोट 2] सुरू के जगह अंत के जगह उड़ान समय दूरी औसत गति अधिकतम ऊँचाई पाइलट
1 9 मार्च 2015 03:12 यूनाइटेड अरब अमीरात अबू धाबी, UAE ओमान मस्कट, ओमान 13 घंटा 1 मिनट 417 समु-मील (772 किमी) 32.0 kn (59.2 किमी/घं) 20,942 फीट (6,383 मी) आं॰ ब्रोशबर्ग[46]
2 10 मार्च 02:35 ओमान मस्कट, ओमान भारत अहमदाबाद, भारत 15 घंटा 20 मिनट 860 समु-मील (1,593 किमी)[47] 56.1 kn (103.9 किमी/घं) 29,114 फीट (8,874 मी) पिकार्ड[48]
3 18 मार्च 01:48 भारत अहमदाबाद, भारत भारत बनारस, भारत 13 घंटा 15 मिनट 630 समु-मील (1,170 किमी) 47.7 kn (88.3 किमी/घं) 17,001 फीट (5,182 मी) ब्रोशबर्ग[49]
4 18 मार्च 23:52 भारत बनारस, भारत (VIBN) म्यांमार मांडले, म्याँमार 13 घंटा 29 मिनट 829 समु-मील (1,536 किमी) 61.5 kn (113.9 किमी/घं) 27,000 फीट (8,230 मी) पिकार्ड[50]
5 29 मार्च 21:06 म्यांमार मांडले, म्याँमार चीन चोंगकिंग, चीन 20 घंटा 29 मिनट 883 समु-मील (1,636 किमी) 43.1 kn (79.9 किमी/घं) 28,327 फीट (8,634 मी) Piccard[51]
6 20 अप्रैल 22:06 चीन चोंगकिंग, चीन चीन नानजिंग, चीन 17 घंटा 22 मिनट 747 समु-मील (1,384 किमी) 43.0 kn (79.7 किमी/घं) 14,010 फीट (4,270 मी) Piccard[52]
7 30 मई 18:39 चीन नानजिंग, चीन जापान नागोया, जापानN1 44 घंटा 9 मिनट 1,589 समु-मील (2,942 किमी) 36.0 kn (66.6 किमी/घं) 28,327 फीट (8,634 मी) Borschberg[12][53]
8 28 जून 18:03 जापान नागोया, जापान यूनाइटेड स्टेट्स Kalaeloa, Hawaii, USA 117 घंटा 52 मिनट 4,819 समु-मील (8,924 किमी) 40.9 kn (75.7 किमी/घं) 28,327 फीट (8,634 मी) Borschberg[54][55]
9 21 अप्रैल 2016 16:15 यूनाइटेड स्टेट्स Kalaeloa, Hawaii, USA यूनाइटेड स्टेट्स Mountain View, CA, USA 62 घंटा 29 मिनट 2,206 समु-मील (4,086 किमी) 35.3 kn (65.4 किमी/घं) 28,327 फीट (8,634 मी) Piccard[15][56]
10 2 मई 12:03 यूनाइटेड स्टेट्स Mountain View, CA, USA यूनाइटेड स्टेट्स Phoenix, AZ, USA 15 घंटा 52 मिनट 601 समु-मील (1,113 किमी) 37.9 kn (70.2 किमी/घं) 22,001 फीट (6,706 मी) Borschberg[57]
11 12 मई 11:05 यूनाइटेड स्टेट्स Phoenix, AZ, USA यूनाइटेड स्टेट्स Tulsa, OK, USA 18 घंटा 10 मिनट 850 समु-मील (1,570 किमी) 46.7 kn (86.4 किमी/घं) 22,001 फीट (6,706 मी) Piccard[58]
12 21 मई 09:22 यूनाइटेड स्टेट्स Tulsa, OK, USA यूनाइटेड स्टेट्स Dayton, OH, USA 16 घंटा 34 मिनट 601 समु-मील (1,113 किमी) 36.3 kn (67.2 किमी/घं) 21,001 फीट (6,401 मी) Borschberg[59]
13 25 मई 08:02 यूनाइटेड स्टेट्स Dayton, OH, USA यूनाइटेड स्टेट्स Lehigh Valley, PA, USA 16 घंटा 49 मिनट 564 समु-मील (1,044 किमी) 33.6 kn (62.2 किमी/घं) 15,000 फीट (4,572 मी) Piccard[60]
14 11 जून 03:18 यूनाइटेड स्टेट्स Lehigh Valley, PA, USA यूनाइटेड स्टेट्स न्यूयॉर्क 4 घंटा 41 मिनट 143 समु-मील (265 किमी) 30.6 kn (56.6 किमी/घं) 3,002 फीट (915 मी) Borschberg[61]
15 20 जून 06:30 यूनाइटेड स्टेट्स न्यूयॉर्क स्पेन सेविल, स्पेन 71 घंटा 8 मिनट 3,383 समु-मील (6,265 किमी) 47.6 kn (88.1 किमी/घं) 27,999 फीट (8,534 मी) Piccard[62]
16 स्पेन Seville, Spain यूनाइटेड अरब अमीरात Abu Dhabi, UAE (OMAD) 120 घंटा (planned) 3,156 समु-मील (5,845 किमी) (planned) [63]

नोट[संपादन करीं]

  1. मेन जहाज से पहिले नमूना के रूप में बनावल जहाज, एकरा के सोलर इंपल्स 1 नाँव दिहल गइल रहल।
  2. All start times are given as UTC. All start dates for legs 1 to 8 are 2015; start dates for legs 8 to 15 are 2016.
  • ^N1 — खंड 7 के उड़ान के योजना में 144-घंटा के लगातार उड़ान, चीन के नानजिंग से हवाई ले के (4,931 समु-मील (9,132 किमी)) के, रहल बाकिर खराब मौसम के चलते एकरा के जापान के नगोया में उतरे के पड़ल।[12]

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

अन्य सौर उर्जा से चले वाला
  • गॉसमर पेंग्विन (Gossamer Penguin)
  • हेलिओस प्रोटोटाइप (Helios Prototype)
  • क्विंटिक्यू जेफिर (QinetiQ Zephyr)
  • सोलर चैलेंजर (Solar Challenger)
  • तुरानोर प्लैनेटसोलर (Tûranor PlanetSolar), पृथ्वी के चक्कर लगावे वाला पहिला सौर उर्जा बिमान

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. 1.0 1.1 Cardwell, Diane (1 मई 2013). "Cross-Country Solar Plane Expedition Set for Takeoff". न्यू यॉर्क टाइम्स. Retrieved 22 जून 2016.
  2. "A Speck in the Sky". न्यू यॉर्क टाइम्स. 21 मार्च 1999. Retrieved 22 जून 2016.
  3. Div, Stav. "Solar Impulse 2: The groundbreaking aircraft demonstrating the possibilities of clean energy", The Independent, June 2, 2016
  4. कोटेशन:If we can fly around the world using only the power of the sun and the optimisation of energy efficiency technologies, the potential of clean technologies in other applications is immense."; Scott, Mike. "Solar Plane Takes to the Skies Again to Display Clean Energy's Power Potential", Forbes, 21 अप्रैल 2016
  5. Solar Impulse Project. "HB-SIA Mission". Retrieved 22 जून 2016.
  6. "Swiss solar plane makes history with night flight" Archived 2010-07-10 at the Wayback Machine. Swisster. 8 जुलाई 2010. पहुँच तिथि 22 जून 2016.
  7. 7.0 7.1 "Solar plane completes maiden intercontinental trip". Reuters. 5 June 2012. Retrieved 22 जून 2016.
  8. 8.0 8.1 8.2 "Across America". Solar Impulse. 2013. Retrieved 22 जून 2016.
  9. 9.0 9.1 "Solar Impulse ends cross-country US flight slightly early in NY due to torn left wing". Engadget. 6 जुलाई 2013. Retrieved 22 जून 2016.
  10. Batrawy, Aya (9 मार्च 2015). "Solar-powered plane takes off for flight around the world". एशोसिएटेड प्रेस. Retrieved 22 जून 2016.
  11. Al Wasmi, Naser (25 September 2014). "Pilots to take off from Abu Dhabi for historic solar-powered flight". The National. Retrieved 22 जून 2016.
  12. 12.0 12.1 12.2 "Leg 7: Nanjing to Nagoya", Solar Impulse, accessed 29 July 2015; "Solar Impulse touches down on unscheduled Japan stop", The Sun Daily (Malaysia), 2 June 2015
  13. उद्धरण खराबी:Invalid <ref> tag; no text was provided for refs named JapanHawaii
  14. उद्धरण खराबी:Invalid <ref> tag; no text was provided for refs named Resume2
  15. 15.0 15.1 Amos, Jonathan (21 अप्रैल 2016). "Solar Impulse sets off for California after long lay-off". BBC.
  16. Berger, Noah. "Solar-powered plane completes journey across Pacific Ocean", The Charlotte Observer, 24 अप्रैल 2016
  17. उद्धरण खराबी:Invalid <ref> tag; no text was provided for refs named Crossing
  18. "Solar Impulse 2 begins Atlantic crossing" (अंग्रेजी में). दि हिंदू. 2015-03-09. Retrieved 22 जून 2016.
  19. Amos, Jonathan. "Solar Impulse completes Atlantic crossing with landing in Seville - BBC News" (अंग्रेजी में). Bbc.com. Retrieved 2016-06-23.
  20. Lipsey, Sid (4 फरवरी 2015). "Secrets of the Solar-Powered Plane That Might Make History". Yahoo. Retrieved 22 जून 2016.
  21. उद्धरण खराबी:Invalid <ref> tag; no text was provided for refs named Amos1
  22. उद्धरण खराबी:Invalid <ref> tag; no text was provided for refs named Molko
  23. 23.0 23.1 Solar Impulse (2009). "Around the World in a Solar Airplane: Solar Impulse" (PDF). Archived from the original (PDF) on 2011-07-26. Retrieved 22 जून 2016.
  24. Engeler, Eliane (8 July 2010). "Solar plane lands after completing 24-hour flight". Associated Press. Retrieved 22 जून 2016.
  25. "Plane". Solar Impulse. Archived from the original on 2011-06-28. Retrieved 22 जून 2016.
  26. "Description of HB-SIA". SolarImpulse.com. 22 June 2010. Archived from the original on 26 July 2011. Retrieved 22 जून 2016.
  27. Diaz, Jesus (23 मई 2007). "Solar Impulse: Around the World in a 100% Sun-powered Airplane". Gizmodo. Retrieved 22 जून 2016.
  28. पाल्मर, जेसन (3 December 2009). "Record solar plane's first 'hop'". BBC. Retrieved 22 जून 2016.
  29. Tom Simonite (3 December 2009). "Solar-powered piloted plane makes its first 'flea hop'". Web Edition. New Scientist. Retrieved 22 जून 2016.
  30. Previous post Next post (7 अप्रैल 2010). "Solar Airplane Completes Maiden Voyage". Wired.com. Retrieved 22 जून 2016.
  31. Grady, Mary (मई 2010). "Solar Impulse Flies On Pure Sunlight". Retrieved 22 जून 2016.
  32. Maron, Dina Fine (6 July 2010). "Swiss Team to Launch Solar Night Flight". The New York Times. ClimateWire. Retrieved 22 जून 2016.
  33. "Solar Impulse completes record-breaking flight". The Daily Telegraph. London. 8 July 2010. Retrieved 22 जून 2016.
  34. Paur, Jason (7 July 2010). "Solar Airplane to Fly Through the Night (Tonight!)". Wired. Retrieved 22 जून 2016.
  35. van Loon, Jeremy (8 July 2010). "Solar-Powered Plane Lands Safely After Overnight Flight". BusinessWeek. Archived from the original on 13 July 2010. Retrieved 22 जून 2016.
  36. "Solar-powered plane lands safely after 26-hour flight". BBC. 8 July 2010. Retrieved 22 जून 2016.
  37. Alan Cowell (8 July 2010). "Solar-Powered Plane Flies for 26 Hours". The New York Times. Retrieved 22 जून 2016.
  38. "The FAI ratifies Solar Impulse's World Records". Archived from the original on 2012-01-27. Retrieved 22 जून 2016.
  39. "Solar Impulse: Premier vol international réussi pour l'avion solaire" (फ्रेंच में). Planet Techno Science. 14 मई 2011. Retrieved 22 जून 2016.
  40. "A setback for Solar Impulse: the solar plane favours safety and heads back to Brussels". June 2011. Archived from the original on 2011-07-26. Retrieved 22 जून 2016.
  41. Marisa, Krystian (June 2011). "Solar Impulse Plane: A Rare Treat For Crowds in Paris". Archived from the original on 2012-07-23. Retrieved 22 जून 2016.
  42. "Solar plane leaves Calif. on cross-country trip". Daytona Beach News Journal. Retrieved 22 जून 2016.
  43. "Solar plane completes 2nd leg of trip in Texas". AP. 23 मई 2013. Archived from the original on 2013-11-04. Retrieved 22 जून 2016.; "Solar Plane Completes Longest Leg of Cross-Country Flight". Yahoo News. 23 मई 2013. Retrieved 22 जून 2016.; "FAI Record ID #16815 – Straight distance, pre-declared waypoints". FAI. Archived from the original on 2013-11-04. Retrieved 22 जून 2016.; "FAI Record ID #16817 – Free Distance". FAI. Archived from the original on 4 November 2013. Retrieved 9 July 2013.; and "FAI Record ID #16816 – Distance along a course, pre-declared waypoints". FAI. Archived from the original on 2013-11-04. Retrieved 22 जून 2016.
  44. सगरी सुरुआत के टाइम UTC में, सगरी तारीख साल 2013 के।
  45. "Across America Event Summary". Solar Impulse. Retrieved 22 जून 2016.
  46. "Leg 1: Abu Dhabi to Muscat". Solar Impulse.
  47. Solar Impulse team records the distance as 1,593 km. The FAI website states that the "Straight Distance – pre-declared waypoints" was 1,468 km. FAI "Record ID #17429" Archived 2016-01-13 at the Wayback Machine, Fédération Aéronautique Internationale, accessed 1 August 2015
  48. "Leg 2: Muscat to Ahmedabad". Solar Impulse.
  49. "Leg 3: Ahmedabad to Varanasi". Solar Impulse.
  50. "Leg 4; Varanasi to Mandalay". Solar Impulse.
  51. "Leg 5: Mandalay to Chongqing". Solar Impulse.
  52. "Leg 6: Chongqing to Nanjing". Solar Impulse.
  53. The FAI website states that the "Free distance along course" was 2614.5 km. FAI "Record ID #17558" Archived 2016-01-13 at the Wayback Machine, Fédération Aéronautique Internationale, accessed 29 July 2015
  54. उद्धरण खराबी:Invalid <ref> tag; no text was provided for refs named FAIHawaii
  55. "Leg 8: Nagoya to Hawaii", Solar Impulse, accessed 29 July 2015
  56. "Leg 9: Hawaii to Mountain View". Solar Impulse. Retrieved 21 अप्रैल 2016.
  57. "Leg 10: San Francisco to Phoenix". Solar Impulse. Retrieved 2 मई 2016.
  58. "Leg 11: Phoenix to Tulsa". Solar Impulse.
  59. "Leg 12: Tulsa to Dayton". Solar Impulse.
  60. "Leg 13: Dayton to Lehigh Valley". Solar Impulse.
  61. "Leg 14: Lehigh Valley to New York". Solar Impulse.
  62. "Leg 15: New York to Seville". Solar Impulse.
  63. "Leg 16: Europe to Abu Dhabi". Solar Impulse. Archived from the original on 2016-07-04. Retrieved 2016-06-23.

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]