प्रोग्लेशियल झील

विकिपीडिया से
एगो प्रोग्लेशियल झील वूमिंग, यूएसए
लेमिनेटेड क्लेस्टोन, मिसोला ग्लेशियल झील, मोंटाना से पावल गइल।

प्रोग्लेशियल झील (अंग्रेजी: Proglacial lake) एक प्रकार के थलरूप हवे जवन हिमानी के लौटानी के समय मोरेन के पाछे पानी एकट्ठा भ गइला से बने ले। कुछ दशा में अइसन झील के निर्माण आइसोस्टेटिक खाल में बरफ के हट गइला के बाद पघिलल पानी के एकट्ठा भइला से भी हो जाला। उत्तरी गोलार्ध में अइसन झील के निर्माण बहुतायत से भइल रहे जब 10,000 बरिस पहिले आइस एज के समापन भइल।

उत्तर अमेरिका के ग्रेट लेक्स के प्रोग्लेशियल झील सभ (USGS 1915)

कुछ दशा में, अइसन झील सह समय के साथ सूख गइल आ क्वार्टरनरी गर्मी के चलते इन्हन के पानी भाप बनके उड़ि गइल। बाकी कुछ जगह पर जइसे की मिसोला झीलविस्कॉन्सिन झील में, अचानक इन्हन के बाँध टूटल आ आसपास के इलाका में बाढ़ भी आ गइल। वाशिंगटन के आसपास के इलाका अइसने प्राचीन बाढ़ में खदर के बहले के सबूत देखावत बाटे[1]

ग्रेट ब्रिटेन में, लैपवर्थ झील, हैरिसन झीलपिकरिंग झील सभ प्रोग्लेशियल झील के उदाहरण रहलीं। श्रोपशायर में Ironbridge GorgeLincolnshire में en:Hubbard's Hills अइसने प्रोग्लेशियल झील के पानी के बाँध से ऊपर आ के अचानक बहे शुरू हो के कटाव करि के बनावल गलियारा के उदाहरण बा।

The receding glaciers of the tropical Andes have formed a number of proglacial lakes, especially in the en:Cordillera Blanca of Peru, where 70% of all tropical glaciers are. Several such lakes have formed rapidly during the 20th century. These lakes may burst, creating a hazard for zones below. Many natural dams (usually moraines) containing the lake water have been reinforced with safety dams. Some 34 such dams have been built in the en:Cordillera Blanca to contain proglacial lakes.

प्रोग्लेशियल झील कौनों ऐतिहासिके घटना ना हवे बलुक हाल के समय में भी अइसन झील बनल बाड़ी। एकर एक ठो उदाहरण न्यूजीलैंड के तस्मान झील बाटे जवन हाल में बनल बा आ अभिन ले एकर बिस्तार हो रहल बाटे। ई झील 1990 के दशक के आसपास बनल आ सन् 2000 से 2010 के बीच एकर बिस्तार लगभग दुगुन्ना हो गइल।[2]

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. http://www.cr.nps.gov/history/online_books/geology/publications/inf/72-2/sec5.htm Archived 2015-02-13 at the Wayback Machine USGS The Channeled Scablands of Eastern Washington
  2. Dykes, Robert C.; Brook, Martin S.; Winkler, Stefan (2010). "The contemporary retreat of Tasman Glacier, Southern Alps, New Zealand, and the evolution of Tasman proglacial Lake since AD 2000". Erdkunde. 64 (2): 147–148. doi:10.3112/erdkunde.2010.02.03. Archived from the original on 2022-03-17. Retrieved 29 दिसंबर 2015.