परगना

विकिपीडिया से

परगना उर्दू: پرگنہ, बंगाली: পরগণা, भारतभारतीय उपमहादीप में सल्तनत काल, मुगल काल आ ब्रिटिश राज के दौरान प्रशासन के एगो इकाई रहल,[1] मुख्य रूप से ई मुस्लिम शासक लोग द्वारा इस्तेमाल में आइल हालाँकि, खाली इहे लोग एकर इस्तेमाल कइले होखे अइसन ना बा।

परगना के रूप में इलाका सभ के बिभाजन के सुरुआत सल्तनत काल में भइल। एह शब्द के उतपत्ती फ़ारसी भाषा से बतावल जाले। एक ठो परगना के कई ठो मौजा में बाँटल गइल रहे, एक मौजा में एक ठो भा कई गो गाँव होखें आ उनहन के आसपास के जमीन होखे। मौजा के शाब्दिक अरथ एरिया भा इलाका होला आ ई शब्द अभिन ले चलन में बा।

बाद में शेर शाह सूरी के जमाना में, परगना के प्रशासन के अउरी मजबूती मिलल आ शिकदर (पुलिसिंग के मुखिया) आ अमीन भा मुंसिफ (फैसला करे वाला, भा लगान वसूली करे वाला) आ कारकून (रिकार्ड रखे वाला) लोग के नियुक्त कइल गइल।

संदर्भ[संपादन करीं]