क्रिकेट के पिच

विकिपीडिया से

क्रिकेट के खेला मे, पिच मैदान के बीचे के पट्टी के कहल जाला जेकरा दुन्नो ओरी बिकेट होला। ई 22 गज (20.12 मीटर) लाम आ 10 फीट (3.05 मीटर) चाकर होला। सतह पाटल होला आ कबो कबो एह पऽ छोट छोट घाँस होला, बाकी ई सूखलो सकेला जेह मे घाँस ना होखे चाहे कबो कबो (जवन उँच स्तर के क्रिकेट मे बहुत कम देखल जाला), कौनो कृत्रिम सामग्री से बनल हो सकेला। क्रिकेट मैच घड़ी कवनो खास परिस्थिति के छोड़ के पिच के मरम्मत भा ना होला - ए ह से एकर हालत बदल जाला, जइसे कि खेल के पहिला ओभर मे पिच पर घास होला बाकिर बिसवा ले गायब हो जाला।