इन्ना

विकिपीडिया से
इन्ना
मास्क्ड सिंगर रोमानिया 2021 के मंच पऽ इन्ना
2021 मे मास्क्ड सिंगर रोमानिया के मंच पऽ इन्ना
जनमएलेना एलेक्जेंड्रा अपोस्टोलेनु
(1986-10-16) 16 अक्टूबर 1986 (उमिर 37)
मंगलिआ, रोमानिआ
शिक्षाओविडियस यूनिवर्सिटी
पेशा
  • गवइया
  • गीतकार[1]
सक्रियता साल2008–present
कामगावल गाना सभ
सम्मान/पुरस्कारFull list
संगीत जात्रा
बिधाइडीएम[2], हाउस[3]
लेबल सभ
संबंधित एक्ट
वेबसाइटinnaofficial.com

एलेना एलेक्जेंड्रा अपोस्टोलेनु (जनम 16 अक्टूबर 1986), जिनका इन्ना नाँव से जानल जाला, एगो रोमानियाई गायिका आ गीतकार बाड़ी। मंगलिया में जनमल आ नेपचून मे पोसाइल ई रोमानियाई तिकड़ी प्ले एंड विन से मिल के संगीत कैरियर बनावे से पहिले ओविडियस विश्वविद्यालय मे राजनीति बिज्ञान के पढ़ाई कइली। ई 2008 मे मंच के नाँव "अलेसांद्र" अपना लिहली आ पॉप-रॉक शैली अपनवली; बाद मे ओह साल ऊ आपन मंच के नाँव बदल के "इन्ना" रखली आ हाउस म्यूजिक रिलीज करे लगली। "हॉट" (2008), इनके पहिला एकल गीत, दुनिया भर मे ब्यापारिक सफलता हासिल कइलस आ रोमानियाई आ बिलबोर्ड के हॉट डांस एयरप्ले चार्ट आ अउरी कय गो चार्ट सभ मे टॉप पर रहल। एकरे बाद अगस्त 2009 मे इनके पहिलला स्टूडियो एल्बम एही नाँव के आइल आ इनके गोल्ड आ प्लैटिनम प्रमाणित कइल गइल। एह मे यूरोप मे कय गो अउरी सफल एकल गीत सभ के सामिल कइल गइल जेह में "अमेजिंग" (2009) भी सामिल रहल, ई गायक के रोमानिया मे दुसरा नंबर-वन एकल गीत रहल।

इन्ना के दूसरका एलबम, आई एम द क्लब रॉकर के (2011) गीत "सन इज अप" (2010) उनका दुनिया भऽ मे सफलता दिहलस। एह गीत के यूरोडांसवेब अवार्ड मिलल आ इन्ना पहिला आ एकलौता रोमानियाई कलाकार बन गइली जे ई अवार्ड जीतल बा। बरस 2011 मे ई घोषणा भइल कि इन्ना सभसे ढेर महंगा रोमानियाई आ पूरबी यूरोपीय कलाकार हइ। इनकर अगिला स्टूडियो एल्बम पार्टी नेवर एंड्स (माने: पार्टी कबो ना ओराला; 2013) के रोमानियाई म्यूजिक अवार्ड्स मे लगातार दू साल ले बेस्ट एल्बम लागी नामांकित कइल गइल आ ई मेक्सिको मे टॉप दस मे चहुँप गइल। एह मे हिट गाना "मोर दैन फ्रेंड्स" (माने: संघाति से बेसी) रहे जेह मे डैडी यांकी रहन। साल 2014 मे इन्ना अटलांटिक रिकार्ड्स साथे सुलह कइली आ जे बालविन से ब्यापारिक रूप से सफल "कोला सोंग" लइली जेकर इस्तेमाल ओह बरिस के फीफा वर्ल्ड कप के प्रचार खातिर कइल गइल।

जिनिगी आ काम[संपादन करीं]

1986-2007: सुरुआती जिनगी आ काम[संपादन करीं]

एलेना अलेक्जेंड्रा अपोस्टोलेनु के जनम 16 अक्टूबर 1986 के रोमानिया के मंगलिया मे [8] जॉर्जिक आ मारिया अपोस्टोलेनु के घरे भइल। [9] [10] इनकर पोसन नेपटून मे भइल, जहाँ इनकर बाबु समुद्री बचाव करे वाला आ महतारी नचवइया आ गवइया के काम करत रही। [11] लइकाईं मे इन्ना तैराक के रूप मे प्रतिस्पर्धा करत रहली आ फुटबॉलबास्केटबॉल के साथे-साथे संगीतो मे रुचि लेत रहली . [11] [12] [13]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. टेम्पलेट:Cite AV media notes
  2. "Inna – Biography". AllMusic. All Media Network. Archived from the original on 19 March 2017. Retrieved 19 March 2017.
  3. https://soundcloud.com/innamusic. Retrieved 28 August 2022. {{cite web}}: Missing or empty |title= (help)
  4. "Roton Music – Inna" (रोमानियाई में). Roton. Archived from the original on 6 April 2017. Retrieved 19 March 2017.
  5. "Inna | Warner Music Germany" (जर्मन में). Warner Music Group. Archived from the original on 20 March 2017. Retrieved 19 March 2017.
  6. "Global Records, casa de discuri a Innei, un an cu rezultate impresionante" [Global Records, Inna's label, had a year full of good results] (रोमानियाई में). Crazy Radio. 11 January 2016. Archived from the original on 20 February 2017. Retrieved 19 February 2017.
  7. "Inna – Universal Music France" (फ्रेंच में). Universal Music Group. Retrieved 5 August 2019.
  8. "Subiect – Inna". Libertatea (रोमानियाई में). Archived from the original on 13 March 2017. Retrieved 12 March 2017.
  9. Ionescu, Sînziana (3 October 2012). "Tatăl Innei a fost pedepsit cu închisoarea pentru moartea unui om" [Inna's father was sentenced to prison following the death of a person]. Adevărul (रोमानियाई में). Retrieved 20 August 2018.
  10. "Vezi cum arăta mama Innei în tinereţe! Ce părere aveţi, seamănă?" [See how Inna's mother looked like in her youth! What do you think, did they look-alike?] (रोमानियाई में). Spynews. 19 August 2013. Retrieved 20 August 2018.
  11. 11.0 11.1 "Oameni de colecție – Inna". Digi FM via YouTube. 19 October 2017. Archived from the original on 11 July 2020. Retrieved 20 August 2018.{{cite news}}: CS1 maint: bot: original URL status unknown (link)
  12. Lester, Paul (20 May 2011). "New band of the day – No 1027: Inna". The Guardian. Archived from the original on 24 December 2015. Retrieved 20 May 2011.
  13. उद्धरण खराबी:Invalid <ref> tag; no text was provided for refs named iannachild3