मेसोस्फियर

विकिपीडिया से
The Space Shuttle Endeavour straddling the stratosphere and mesosphere in this photo. The troposphere, which contains clouds, appears orange in this photo.[1]

मेसोस्फियर पृथ्वी के वायुमंडल में एगो परत हवे। ई स्ट्रेटोस्फियर के ऊपर आ थर्मोस्फियर के नीचे पावल जाले। तापमान के आधार पर वायुमंडल के ढाँचा के वर्गीकरण में ई बीचोबीच वाली लेयर हवे जेकरा चलते एकर ई नाँव धराइल हवे; यूनानी भाषा में मेसो उपसर्ग के मतलब होला बिचला भा मध्य वाला हिस्सा। हिंदी में एकरा के मध्यमंडल कहल जाला।[2] एकर निचली सीमा स्ट्रेटोपॉज हवे जे स्ट्रेटोस्फियर ऊपरी सीमा हवे आ ऊपरी सीमा जे एकरा के थर्मोस्फियर से अलगा करे ले ऊ मेसोपॉज कहाले। एह दुन्नो सीमा के निर्धारण एह बात से होखे ला कि मेसोस्फियर में फिर से ऊँचाई के साथे तापमान घटे लागे ला। मेसोपॉज पर तापमान लगभग −143 °C (−225 °F; 130 K) होखे ला आ ई पृथिवी पर के सभसे ठंढा जगह हवे।

स्ट्रेटोपॉज के ऊँचाई औसतन 50 से 65 किमी (31 से 40 मील; 164,000 से 213,000 फीट) होखे ला आ मेसोस्फियर के ऊपरी सीमा मेसोपॉज लगभग 85 से 100 किमी (53 से 62 मील; 279,000 से 328,000 फीट) ऊँचाई पर मौजूद बाटे।[3][4][5][6]

स्ट्रेटोस्फियर आ मेसोस्फियर दुन्नों के एकट्ठा रूप से कभी-काल्ह "मिडिल एटमॉस्फियर" (बिचला वायुमंडल) के नाँव से जानल जाला।[7] एह दुनू के बिस्तार 12 आ 80 किमी (7.5 आ 49.7 मील) ले पावल जाला। मेसोपॉज के ऊँचाई 80–90 किमी (50–56 मील) पर हवे जेकरा के टर्बोपॉज के रूप में भी जानल जाला काहें से कि एकरे ऊपर टर्बुलेंस बंद हो जाला; एकरा नीचे के वायुमंडल में भँवर नियर रचना के चलते वायुमंडल के गैस आपस में मिक्स होखे लीं जे टर्बोपॉज पर बंद हो जाला आ ऊपर अलग-अलग गैस सेपरेट रूप से भार के हिसाब से लेयर बनावे लीं।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "ISS022-E-062672 caption". NASA. Archived from the original on 16 February 2010. Retrieved 21 September 2012.
  2. Khullar, D. R. Geography Textbook-Hindi (हिंदी में). New Saraswati House India Pvt Ltd. ISBN 978-93-5041-242-8. Retrieved 30 मई 2022.
  3. "Middle atmosphere". www.antarctica.gov.au. Retrieved 17 June 2018.
  4. Venkat Ratnam, M.; Patra, A. K.; Krishna Murthy, B. V. (25 March 2010). "Tropical mesopause: Is it always close to 100 km?". Journal of Geophysical Research. 115 (D6): D06106. Bibcode:2010JGRD..115.6106V. doi:10.1029/2009jd012531. ISSN 0148-0227.
  5. "The Mesosphere - overview". scied.ucar.edu. UCAR Center for Science Education. Retrieved 17 June 2018.
  6. von Zahn, U.; Höffner, J.; Eska, V.; Alpers, M. (1 November 1996). "The mesopause altitude: Only two distinctive levels worldwide?". Geophysical Research Letters. 23 (22): 3231–34. Bibcode:1996GeoRL..23.3231V. doi:10.1029/96gl03041. ISSN 0094-8276.
  7. "Middle Atmosphere Meteorology". atmos.washington.edu. University of Washington. Retrieved 19 December 2018.