फिल्मफेयर अवार्ड

विकिपीडिया से
फिल्मफेयर अवार्ड्स
फिल्मफेयर में मिले वाली ट्राफ़ी
Awarded forहिंदी फिलिम इंडस्ट्री में बेहतरीन प्रदर्शन खातिर
Countryभारत
Presented byफिल्मफेयर
First awardedमार्च 21, 1954; 70 साल पहिले (1954-03-21)
Last awarded27 मार्च 2021 (2021-03-27)
Websitewww.filmfare.com
Television/radio coverage
Networkसोनी एंटरटेनमेंट टेलिविजन (2000–17)
कलर्स टीवी
(2018–Present)

फिल्मफेयर अवार्ड (अंग्रेजी: Filmfare Awards) सभ के तहत भारतीय हिंदी भाषा के फिलिम इंडस्ट्री में कला आ टेक्निकल क्षेत्र में बेहतरीन प्रदर्शन खातिर कई गो अवार्ड दिहल जालें। फिल्मफेयर अवार्ड सेरेमनी भारतीय फिलिम जगत के सभसे परसिद्ध इवेंट हवे। टाइम्स ग्रुप के फिल्मफेयर नाँव के पत्रिका द्वारा ई अवार्ड 1954 में सुरू कइल गइल रहे, ठीक ओही साल भारत में राष्ट्रिय फिलिम अवार्ड सभ के सुरुआत भइल। सुरुआत में इनहन के "क्लेयर अवार्ड्स" चाहे "द क्लेयर्स" कहल जाय; क्लेयर मेंडोंका ओह समय टाइम्स ऑफ़ इंडिया अख़बार के संपादक रहलीं।

आज के समय में फिल्मफेयर अवार्ड्स में 13 गो कटेगरी में अवार्ड दिहल जा रहल बाने।