पोनेंटे

विकिपीडिया से
The winds of the Mediterranean

पोनेंटे (अंग्रेजी: Ponente) भा पोनेंते भूमध्यसागरीय क्षेत्र में बहे वाली पछुआ हवा हवे। एह शब्द के उत्पत्ती दिशा के आधार पर हवे, एकरे बिपरीत पुरुआ हवा के भूमध्य सागरीय इलाका में लेवांटे भा लेवांते कहल जाला। अंग्रेजी के ई नाँव मूल लैटिन भाषा से वाया इटैलियन आइल हवे।

प्राचीन यूनान में एकरा खातिर ज़ेफायरस शब्द इस्तेमाल भइल बा।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]