कोव

विकिपीडिया से
मॅक वे कोव, कैलिफोर्निया, अमेरिका

कोव (अंग्रेजी: cove) समुंद्री किनारे पर छोटहन थलरूप हवे जहाँ समुंद्र के पानी कुछ दूर ले किनारे के हिस्सा में घुसल होखे ला। एह तरीका से ई इनलेट सभ के एगो किसिम हवे जे छोट खाड़ी नियर देखलाई पड़े लें। ई अक्सरहा गोलाई लिहले आकृति के होखे लें आ कौनों बड़हन खाड़ी के भीतरी किनारा पर भी हो सके लें।

इनहन के उत्पत्ती डिफरेंशियल इरोजन से होखे ला; मने कि अइसन खरोह जेह में किनारे के कड़ेर चट्टान के पाछे के नरम चट्टान के कटाव बेसी होखे।