भारतीय चुनाव आयोग

विकिपीडिया से
Election Commission of India
कमीशन (आयोग) overview
Formed25 जनवरी 1950; 74 साल पहिले (1950-01-25)
(राष्ट्रीय मतदाता दिवस के रूप में मनावल जाला)
Jurisdictionकानून आ न्याय मंत्रालय, भारत सरकार
Headquartersनिर्वाचन सदन, अशोक मार्ग, नई दिल्ली[1]
28°37′26″N 77°12′41″E / 28.623902°N 77.21140000000003°E / 28.623902; 77.21140000000003निर्देशांक: 28°37′26″N 77°12′41″E / 28.623902°N 77.21140000000003°E / 28.623902; 77.21140000000003
Employeesलगभग 300
कमीशन (आयोग) executives
  • सुशील चंद्र, भारत के मुख्य चुनाव आयुक्त
  • राजीव कुमार, भारत के मुख्य चुनाव आयुक्त
  • अनूप चंद्र पांडे, आईएएस, भारत के चुनाव आयुक्त
WebsiteOfficial Website

भारतीय चुनाव आयोग (अंग्रेजी: Election Commission of India; हिंदी में ऑफिशियल नाँव: भारत निर्वाचन आयोग) भारत सरकार के कानून आ न्याय मंत्रालय के भीतर काम करे वाला एगो खुदशासित (ऑटोनॉमस) [नोट 1] बॉडी हऽ। एकर अस्थापना भारत के संबिधान द्वारा सीधे भइल हवे जेवना से कि देस के आजाद आ निष्पक्ष तरीका से चुनाव करावल जा सके। संबिधान के अनुच्छेद 324 द्वारा ई प्राबधान कइल गइल हवे कि संसद, राज्य बिधान मंडल, भारत के राष्ट्रपति आ उपराष्ट्रपति के चुनाव के निरीक्षण (सुपरिंटेंडेंस), निर्देश (डाइरेक्शन) आ कंट्रोल चुनाव आयोग में निहित होखी। एह तरीका से, भारतीय चुनाव आयोग एगो आल-इंडिया बॉडी हवे काहें से कि ई केंद्र आ राज्य सरकार खातिर कॉमन हवे।

चुनाव आयोग लोकसभा, राज्यसभा, राज्य बिधान सभा, राज्य बिधान परिषद, राष्ट्रपतिउपराष्ट्रपति के चुनाव करावे ला। चुनाव आयोग भारत के संबिधान के आर्टिकल 324, आ एकरे अनुपालन में बनावल गइल रिप्रेजेंटेशन ऑफ़ पीपल्स एक्ट के तहत काम करे ला। ई भारत के कुछ अइसन संस्था सभ में से हवे जे ऑटोनोमी आ आजादी के साथे काम करे लें जइसे कि हायर जूडीशियरी, संघ लोक सेवा आयोग, कंप्ट्रोलर एंड ऑडिटर जनरल (कैग) नियर संस्था काम करे लीं। ई परमानेंट संबैधानिक संस्था हवे। आम भासा में एकरा के केंद्रीय चुनाव आयोग भी कह दिहल जाला।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

नोट[संपादन करीं]

  1. autonomous body

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Contact Us". Election Commission of India. Archived from the original on 26 December 2016. Retrieved 10 January 2018.