स्विफ्ट

विकिपीडिया से
S.W.I.F.T. SC
प्रकार
कोआपरेटिव सोसाइटी (Cooperative society)[1]
इंडस्ट्रीटेलीकम्यूनिकेशन
स्थापित3 मई 1973; 50 साल पहिले (1973-05-03)
मुख्यालयLa Hulpe, बेल्जियम
प्रोडक्टफाईनेंशियल टेलीकम्यूनिकेशन
कर्मचारी संख्या
>3,000
वेबसाइटwww.swift.com एकरा के विकिडेटा पर संपादित करीं

सोसाइटी फॉर वल्डवाइड इंटरबैंक फिनांशियल टेलिकम्युनिकेशन (Society for Worldwide Interbank Financial Telecommunication), जेकरा संछेप में स्विफ्ट (SWIFT), आ कानूनी रूप से S.W.I.F.T. SCRL के नाँव से जानल जाला, बेल्जियम के एगो कोऑपरेटिव सोसाइटी हवे जे दुनियाभर के बैंक सभ के बीचा में बिचौलिया के काम करे ला। ई सॉफ्टवेयर आ सर्विस भी देला, फ़ाइनान्शियल संस्था सभ के। अइसन बेवस्था खातिर एकर आपन प्रोपरेटरी "SWIFTNet" बाटे। एकरे अलावा की ISO 9362 बिजनेस पहिचानक कोड (BICs) उपलब्ध करावे ला जिनहन के पापुलर भासा में स्विफ्ट कोड ("SWIFT codes") कहल जाला। स्विफ्ट ट्रांसफर के इंटरनेशनल मनी ट्रांसफर भी कहल जाला।

स्विफ्ट प्रतिबंध[संपादन करीं]

एक किसिम के प्रतिबंध भा बैन हवे। एकरा के स्विफ्ट सैंक्शन (SWIFT sanctions) भी कहल जाला।[2] ई एक किसिम के रोक हवे जेकरा चलते कौनों देस के बैंक सभ के स्विफ्ट पेमेंट सिस्टम के इस्तेमाल से बहरें क दिहल जाला।

एह बैन के इस्तेमाल 2012 में ईरान के खिलाफ़ कइल गइल रहल।[3] फरवरी 2022 में रूस के बैंक सभ पर सीमित तरीका से ई प्रतिबंध लगावल गइल, हालाँकि, पूरा तरीका से रूसी बैंक सभ के एह सिस्टम से बाहर ना कइल गइल।[4]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "CBE Public Search". kbopub.economie.fgov.be. FPS Economy, SMEs, Self-Employed and Energy. Retrieved 27 February 2022.
  2. "SWIFT and sanctions". SWIFT - The global provider of secure financial messaging services (अंग्रेजी में). Retrieved 28 फरवरी 2022.
  3. "रूस-यूक्रेन तनाव: रूस पर अमेरिका और ब्रिटेन के प्रतिबंधों के क्या मायने हैं". BBC News हिंदी (हिंदी में). 23 फरवरी 2022. Retrieved 28 फरवरी 2022.
  4. "SWIFT पेमेंट सिस्टम: US, EU की सख्ती से क्या रूस को राहत दे सकता है चीन?". BBC News हिंदी (हिंदी में). 28 फरवरी 2022. Retrieved 28 फरवरी 2022.