ब्रिटिश कोलंबिया

विकिपीडिया से
British Columbia
Flag of British ColumbiaCoat of arms of British Columbia
Mottoes: 
लैटिन: Splendor sine occasu
(अंग्रेजी: Splendour without diminishment)
Location of British Columbia
Coordinates: 54°00′00″N 125°00′00″W / 54.00000°N 125.00000°W / 54.00000; -125.00000निर्देशांक: 54°00′00″N 125°00′00″W / 54.00000°N 125.00000°W / 54.00000; -125.00000
देसकनाडा
राजधानीविक्टोरिया
सभसे बड़ शहरवैंकूवर
Area
 • Total944,735 किमी2 (364,764 बर्ग मील)
 • Land925,186 किमी2 (357,216 बर्ग मील)
 • Water19,548.9 किमी2 (7,547.9 बर्ग मील)
 • Rank5th
Population
 (2021)[1]
 • Total5,000,879
 • Rank3rd
ISO 3166 codeCA-BC
Websitewww2.gov.bc.ca

ब्रिटिश कोलंबिया (अंग्रेजी: British Columbia) कनाडा के तेरह गो प्रांत आ टेरिटरी सभ में सबसे पच्छिमी प्रांत हवे। ई प्रशांत महासागररॉकी परबत के बीचा में बसल प्रांत बा जेकर 2021 में अनुमानित आबादी 5.2 मिलियन (52 लाख) बाटे आ ई कनाडा के तिसरा सबसे बेसी आबादी वाला प्रांत हवे।

ब्रिटिश कोलंबिया के राजधानी विक्टोरिया शहर हवे जे कनाडा में पाँचवाँ सबसे बड़ मेट्रो शहर हवे; हालाँकि, एह प्रांत के सभसे बड़ शहर वैंकूवर हवे जे कनाडा के मेट्रो शहर सभ में आबादी के मामिला में तिसरा अस्थान पर आवे ला। ग्रेटर वैंकूवर के आनुमानित आबादी अक्टूबर 2013 में लगभग 2.5 मिलियन (25 लाख) रहल।

एह इलाका में पहिली ब्रिटिश बस्ती फोर्ट विक्टोरिया रहल जे 1843 में बसावल गइल, एही से सिटी ऑफ़ विक्टोरिया बनल।

ब्रिटिश कोलंबिया के अर्थब्यवस्था प्राथमिक रूप से फारेस्ट्री, खनन, सिनेमैटोग्राफी आ पर्यटन पर निर्भर बाटे। ई एगो प्रमुख समुंद्री ब्यापार वाला क्षेत्र भी हवे। एह प्रांत के बस 5 परसेंट जमीन खेतीबारी लायक बाटे हालाँकि, फ्रेजर घाटीओकनागन में भरपूर खेती होखे ला काहें कि एह इलाकन में कुछ गरम जलवायु बाटे।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Data table, Census Profile, 2021 Census of Population - British Columbia [Province]". Retrieved February 10, 2022.{{cite web}}: CS1 maint: url-status (link)

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]