चट्टानी नून

विकिपीडिया से
Halite
Halite from the Wieliczka salt mine, Małopolskie, Poland
जनरल जानकारी
श्रेणीHalide mineral
फार्मूला
(रिपीट होखे वाला इकाई)
NaCl
स्त्रूंज बर्गीकरण3.AA.20
क्रिस्टल सिस्टमCubic
क्रिस्टल क्लासHexoctahedral (m3m)
H-M symbol: (4/m 3 2/m)
स्पेस समूहFm3m
इकाई सेलa = 5.6404(1) Å; Z = 4
Identification
Formula mass58.433 g/mol
ColorColorless or white (Depends on isotopes and purity for various colours)
Crystal habitPredominantly cubes and in massive sedimentary beds, but also granular, fibrous and compact
CleavagePerfect {001}, three directions cubic
FractureConchoidal
TenacityBrittle
मोहो पैमाना hardness2.0–2.5
LusterVitreous
StreakWhite
DiaphaneityTransparent
बिसेसक घनत्व2.17
ऑप्टिकल लच्छनIsotropic
रिफ्रेक्टिव इंडेक्सn = 1.544
पघिलाव बिंदु800.7°C
घुलावWater-soluble
अन्य बिसेसताSalty flavor, fluorescent
संदर्भ[1][2][3][4]

चट्टानी नून (अंग्रेजी: Rock salt), जेकरा टेक्निकल भाषा में हैलाइट (अंग्रेजी: Halite) कहल जाला, एक किसिम के नून हवे। ई सोडियम क्लोराइड के प्राकृतिक खनिज रूप हवे। ई खनिज रोरा चाहे रवा के रूप में मिले ला आ एह रवा (क्रिस्टल) सभ के आकृति घन (क्यूब) के नियर होखे ले जिनहन के आइसोमीट्रिक क्रिस्टल कहल जाला। आमतौर पर ई नमक उज्जर रंग के चाहे बिना कौनों रंग के होखे ला; हालाँकि, एह में अगर अउरी कौनों दूसर खनिज चाहे अशुद्धता मिलल होखे तब एकर रंग हल्का नीला, हल्का पीयर, गुलाबी, बैंगनी, ललछाहूँ चाहे सलेटी हो सके ला। एकर रंग रवा के संरचना पर भी निर्भर करे ला।

आमतौर पर ई चट्टान सभ के बीचा में अउरी इवैपोराइट खनिज सभ (हैलाइड, बोरेट आ सल्फेट) के संघे पावल जाला। एकर हैलाईट नाँव प्राचीन यूनानी भाषा के हैला से हवे जेकर मतलब नून होला। भारत के कुछ हिस्सा आ पाकिस्तान के हिमालय के निचला हिस्सा सभ में ई नून चट्टान खन के निकालल जाला आ एकरा के हिमालयी चट्टानी नून चाहे आम भाषा में सेन्हा नून (सेंधा नमक) कहल जाला। एह इलाका में एही से भट्ठा में तपा के काला नमक बनावल जाला।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Handbook of Mineralogy: Halite" (PDF). Archived (PDF) from the original on June 28, 2010. Retrieved 16 April 2018.
  2. Mindat.org Archived 2011-08-05 at the Wayback Machine
  3. Webmineral data Archived 2004-11-24 at the Wayback Machine
  4. Haynes, William M., ed. (2011). CRC Handbook of Chemistry and Physics (92nd ed.). CRC Press. ISBN 978-1439855119.