करिया फंगस (कोविड-19 अवस्था)

विकिपीडिया से
एगो 47 बरिस के अदिमी, करिया फंगस रोग संगे आ ओकर चाम के इलेक्ट्रॉन माइक्रोग्राफ

कोविड-19 के चलते भइल म्यूकोर्मिकोसिस जेकरा करिया फंगस (अंग्रेजी: Black Fungus; ब्लैक फंगस)[1] नांव से जानल जाता एक प्रकार के म्यूकोर्मिकोसिस हऽ जवन की कोविड-19 से जुड़ल बा। ई आँखि, नाक आ दिमाग मे होला। ई एगो संक्रामक चाहे एक बेकत से दोसर मे फैले वला रोग नइखे[2]

ई अवस्था बहुते काम आवेला।[3] मई 2021 मे भइल शोधन के एगो व्यवस्थित समीक्षा 8 मामलन के पहचान कइलस।[3] शुगर के मरीजन के एकरा से बेसी खतरा बाटे।[3] सभ मरीजन के ई रोग अस्पताल मे अइला के बाद भइल। 8 गो मे से 7 गो रोगी एकरा से मु गइल लोग।

कोविड के चलते भइल करिया फंगस से बेसि लोग भारत मे परभावित भइल बा। रुसो मे ई बेमारी देखे के मिलल बा। भारत मे एकर एतना मामला सोझा आवे के एगो कारन कोरोना संक्रमण आ मधुमेह (सुगर) के अधिक दर बा। मई 2021 मे, इंडियन काउंसिल ऑफ मेडिकल रिसर्च कोरोना से जुड़ल म्यूकोर्मिकोसिस के चिन्हे आ ओकर इलाज करे बदे दिशा-निर्देश जारी कइलस।

एकर हाली-हाली बढ़त संख्या के चलते, 19 मई 2021 के राजस्थान सरकार एकरा मारी घोसीत कई दिहलस। राजस्थान संगे तेलंगाना, हरियाणा, तमिल नाडू, गुजरात आ बिहारो मे एकरा मारी घोसीत कई दिहल गइल बा।[4]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Biswas, Soutik (2021-05-09). "Mucormycosis: The 'black fungus' maiming Covid patients in India". BBC News.
  2. Banerji, Abigail (7 May 2021). "COVID-19-triggered Mucormycosis: How is the fungal infection linked to Coronavirus, treatments, more". Firstpost.
  3. 3.0 3.1 3.2 Garg, D; Muthu, V; Sehgal, IS; Ramachandran, R; Kaur, H; Bhalla, A; Puri, GD; Chakrabarti, A; Agarwal, R (May 2021). "Coronavirus Disease (Covid-19) Associated Mucormycosis (CAM): Case Report and Systematic Review of Literature". Mycopathologia. 186 (2): 289–298. doi:10.1007/s11046-021-00528-2. PMID 33544266.
  4. Delhi/Jaipur/LucknowMay 19, Dev Ankur Wadhawan Pankaj Jain Samarth Shrivastava Kumar Kunal New; May 19, 2021UPDATED; Ist, 2021 17:51. "Rajasthan declares black fungus an epidemic; cases pile up in several states | 10 points". India Today (अंग्रेजी में). Retrieved 2021-05-20.{{cite web}}: CS1 maint: numeric names: authors list (link)