रामबिलास पासवान

विकिपीडिया से

रामबिलास पासवान (5 जुलाई 1946 – 8 अक्टूबर 2020) एगो भारतीय राजनेता रहन। ई लोक जनशक्ति पार्टी कर संस्थापक रहन आ नओ बेरा लोकसभा चाहे रज्यासभा के सदस्य रहन। संयुक्त समाजवादी दल के नेता के भेस मे ई आपन राजनीत चालू कइलन आ 1969 मे बिहार विधान सभा के सदस्य बनलन। फेन 1974 ई नाया बनल पार्टी, लोकदल के सदस्य आ सचीब बनलन। इमरजेंसी के बिरोध मे हीनकरा जेलो जाए पड़ल रहे। 1977 मे जनता पार्टी कर सदस्य के भेस मे ई हाजीपुर से चुनाव जीति के लोकसभा के सदस्य बनि गइलन।