ब्रेकिंग न्यूज़

विकिपीडिया से

ब्रेकिंग न्यूज़ अइसन तत्काल में मिलल जरूरी खबर चाहे समाचार हवे जेकरा देखावे सुनावे खाती प्रसारण कइल जा रहल प्रोग्राम के रोक के एह नया तत्काल वाली खबर के प्रसारित करे के पड़े। आमतौर पर खबर के प्रसारण करे वाला मीडिया जइसे कि टीवी आ रेडियो पर प्रोग्राम के पहिले से निश्चित समय आ बिसय होला जेह में आम खबर चाहे चरचा-परिचर्चा या फिर कौनों स्टोरी देखावे के टाइम पहिले से घोषित होला। ओह पहिले से निश्चित प्रोग्राम के प्रसारण के अगर कौनों नया आ तत्काल में मिल रहल खबर के आ जाए के कारण रोक के नवकी खबर देखावे-सुनावे के पड़े तब ई नवकी खबर "ब्रेकिंग न्यूज" के नाँव से जानल जाला।

आमतौर पर ब्रेकिंग न्यूज में जानकारी बहुत कम होला आ बात के पूरा बिबरन ना मौजूद होला, हालाँकि घटना के महत्व के चलते एकरा के तुरंते देखावे-सुनावे के पड़े ला, एह दौरान एह नया खबर के प्रसारण के चालू रहत समय अउरियो जानकारी मिल सके ला जेकरा के तुरंते अपडेट करे के पड़ सके ला।

एह शब्द के इस्तेमाल के बैधता पर भी हाल में कई गो मुद्दा उठावल गइल बा। जइसे की एकर अति-उपयोग कइल मीडिया के बिजनेस स्ट्रेटजी हो सके ला। कई बेर आम प्रोग्राम में पहिले से तय समय के साथे पहिले से मालुम खबर के भी "ब्रेकिंग न्यूज" कहि के देखावल-सुनावल जा रहल बा।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]