इंजीनियरिंग शिक्षा

विकिपीडिया से

अभियंत्रण सीक्खा अभियांत्रिकी के पढ़ाई पढ़ावे के एगो काज हटे। एकरा मे बैचलर मास्टर आ स्पेशलाइजेशन के कोर्स होला। एह पूरा पढ़ाई के पूराए मे आठ से बारऽ लाग जाला।

अफ्रिका[संपादन करीं]

केन्या[संपादन करीं]

केन्या मे एकर पढ़ाई महबिद्यालय मे होला। परबेस इंजिनियर रजिस्ट्रेशन एक्ट से मीलेला। कोनो बिद्यार्थी तबे इंजिनियर कहाई जदी ऊ चार बरस के बैचलर आ तीन बरस के मास्टर कइले बाटे।

पंजीकरन खाली इंजिनियर पंजीकरन बोर्ड कऽ सकेला जे की १९६९ मे संसद मे बनल नियम प काज करेला। १९९२ मे एह नियम के तनि मुनि बदलल गइल रहे। केन्या मे तबले अपना के इंजिनियर कहल गैर कानूनी बाटे जबले नांव पंजिकृत नइखे। एहिसे बोर्ड मे पंजीकरन ओहिजा इंजिनियर के काज करे के लाइसेंस लेखा बाटे।

दक्खिन अफ्रीका[संपादन करीं]

दक्खिन अफ्रीका मे अभियंत्रण के ट्रेनिंग ओहीजा के महबिद्यालय देवेलऽसन। चार बरिस के बैचलर होला ओहिजा।

एशिया[संपादन करीं]

हॉन्गकॉन्ग[संपादन करीं]

ओहिजा एकर पढ़ाई यूनिवर्सिटी ग्रांट कमिशन के संस्थान सभ करवावेलऽसन। ओहिजा ९४ गो परोगराम सभ मे दाखिला मिलेला।