सृष्टिकर्ता

विकिपीडिया से

सृष्टिकर्ता धर्म सभ मे एगो अईसन परमेसर के कहल जाला जे पृथ्वी चाहे ब्रह्मांड के निर्माता होला। एक ईश्वर वाद मे ऊ अकेल परमेसर के सृष्टिकर्ता मानल जाला।

एक ईश्वर वाद[संपादन करीं]

अतेनत्व[संपादन करीं]

अतेनत्व, नवका राज बजी अखेनातेन आ रानी नफ़्तिर्ती के १३३० ईशा पूर्व मे चालू कईल गइल। नीज आ उपसक लोग ला ऊ लोग नावा राजधानी बनवलस। ओकर पिता उनकर एक से बेसी ईश्वर वाला धरम मे आउर सभ भगवान संगे अतेन के पूजत रहन। फैरो के अंत के संगे संगे अतेनत्व ओ ओरा गइल। कुछु बिद्वानन के ई कहनाम बा की अतेनत्व, सभ से पुरान एक ईश्वर वादी धरम मे ले एगो बाटे।

इब्राहिमी धरम[संपादन करीं]

इब्राहिमी उत्पत्ति के ब्योरा दू गो खिसा से बनल बाटे, जवन की आदि पुस्तक के पहिलका अध्याय से लमसम मिलेला। पहीलका खिसा, दैवीय उपचार आ पूर्ति के एगो दोहरावदार संरचना आ ई काहनाम "x वा दिन, सांझ आ भिनुसार रहे" उत्पत्ती के छव दिन मे हर दिन ला नियोजित करेला। पहिकला तीन दिन मे बखरा लागेला: पहिला दिन अन्हार आ अंजोर के बखरा लगावेला, दूसरका दिन ऊपर आ नीचे के पानी के, तीसरका दिन भुईं आ सागर के। अगिला तीन दिन सभ के बस्तू दिहल गइल, चउथका दिन अन्हार आ अंजोर के सुरुज, चानजोन्ही दिहल गइल, पंचमा दिन सागर आ आकाश के मछ आ पाखी दिहल गइल। छवमा दिन भुईंया प मानुस सभ के उतारल गइल।

सिख धरम[संपादन करीं]

सिख धर्म ओ सृष्टिकर्ता मे अस्था राखेला जेकरा ई वाहेगरू बोलेला। वाहेगरू नीरकर आउर अंतरधयान हवन।