शिवमूर्ति

विकिपीडिया से
शिवमूर्ति
जनम (1950-03-11) मार्च 11, 1950 (उमिर 74)
भाषाहिंदी
राष्ट्रियताभारतीय
बिधाकहानी, उपन्यास
बिसयस्त्री विमर्श, दलित विमर्श
प्रमुख रचनात्रिशूल (उपन्यास)
जीवनसाथीसरिता देवी

शिवमूर्ति (जनम 11 मार्च 1950) हिंदी भाषा के एगो कहानीकार आ उपन्यासकार बाड़ें।[1] उत्तर प्रदेश के सुल्तानपुर जिला के कुरंग गाँव[2] में जनमल शिवमूर्ति के सुरुआती पढ़ाई गाँवे में भइल। त्रिशूल, तर्पण, आखिरी छलाँग इनके परसिद्ध उपन्यास बाड़ें आ इनके लिखल कहानी सभ में कसाईबाड़ा, तिरिया चरित्तर आ भरतनाट्यम के खास पहिचान मिलल। केशर कस्तूरी आ कुच्ची का क़ानून इनके कहानी संग्रह बाड़ें।[3] शिवमूर्ति के रचना सभ दलित, स्त्री आ गाँव के वंचित लोगन के कहानी कहें लीं।[4]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. लेखक परिचय, हिंदी समय पर।
  2. "कथाकार शिवमूर्ति के गांव में". Jagran.com. 2012-03-11. Retrieved 2020-03-11.
  3. लेखक शिवमूर्ति Archived 2019-12-31 at the Wayback Machine, राजकमल प्रकाशन के वेबसाइट पर लेखक परिचय।
  4. "शिवमूर्ति: वंचितों की पीड़ा का किस्सागो - Shivmurthy spin doctors of the suffering of the underprivileged - AajTak". Aajtak.intoday.in. 2013-02-01. Retrieved 2020-03-11.