गुलदुम बुलबुल

विकिपीडिया से

गुलदुम बुलबुल
P. cafer bengalensis कलकत्ता में
Calls
बैज्ञानिक वर्गीकरण e
किंगडम: एनिमेलिया
(Animalia)
फाइलम: कार्डेटा
(Chordata)
ऑर्डर (Order): सौरिशिया
सबऑर्डर: थेरोपोडा
क्लास: एव्स
ऑर्डर (Order): पासरिफ़ार्मेस
परिवार: Pycnonotidae
जाति (Genus): Pycnonotus
प्रजाति: P. cafer
दूपद नाँव
Pycnonotus cafer
(लिंनायस, 1766)
अउरी दूसर नाँव
  • Molpastes cafer (लिंनायस, 1766)
  • Turdus cafer लिंनायस, 1766

गुलदुम बुलबुल (Red-vented bulbul; Pycnonotus cafer) चिरई सभ के बुलबुल परिवार के एगो प्रजाति हवे। ई भारतीय उपमहादीप के मूल निवासी चिरई हवे आ भारत के अलावा श्री लंकाबर्मा के कुछ हिस्सा आ तिब्बत के सटल इलाका सभ में पावल जाले। एकरा मधुर आवाज के चलते लोग एकरा के पोसे ला। एही कारन ई अपना मूल अस्थान के अलावा अउरी कई इलाका सभ में ले जाइल गइल जहाँ ई आपन आवास बना लेले बा; फिजी, सामोआ, टोंगा आ हवाई नियर जगह सभ पर ई जंगली चिरई के रूप में भी अब पावल जाले। अपना मूल जगह के अलावे दुसरे जगह पर जा के ढल जाए के चलते एकरा के दुनिया के 100 सभसे बेसी आक्रमणकारी प्रजाति सभ के लिस्ट में जगह मिलल बाटे।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. BirdLife International (2016). "Pycnonotus cafer". खतरा में प्रजाति सभ के आइयूसीएन लाल सूची. 2016: e.T22712695A94343459. doi:10.2305/IUCN.UK.2016-3.RLTS.T22712695A94343459.en.

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]