परवेग

विकिपीडिया से

भौतिकी मे, परवेग समय के सापेक्ष वेग मे परिवरतन के दर के कहल जाला। न्यूटन के दोसरका नीयम के कहनाम ह कि कोनो चिझ प लागल कुल बर होकर परवेग के कारन होखेला।[1] परवेग के एसआई एकाई न्यूटन प्रति वर्ग सेकंड होला। ई एगो सदिक राशि ह। बस्तु प लागल कुल बर के सदिक के दिशा आ होकर परवेग के दिशा एक्के होखेला।

परवेग, 𑂣𑂩𑂫𑂵𑂏
जेखानी हावा ना होला तेखानि जदि कोनो गेना के उँच जगहा से गीरावल जाय त होकर वेग बढ़त रहेला
Common symbols
a
SI unitm/s2, m·s−2, m s−2
SI dimensionL T −2

उदाहरन बदे, जदि कोनो गाड़ी सून्ना वेग प चाहे रुकल होखे आ फेर चालू होइके सोझे आपन वेग अधिकावत चलस त होकरा लगे कुछुओ परवेग होखी। जदि गाड़ी मुड़ि जाऽतिया तऽ परवेग के दीसा दोसर होई जाई।

परिभासा अउरी गुन[संपादन करीं]

अउसत परवेग[संपादन करीं]

परवेग वेग परिवरतन के दर होखेला। बाँट मे केवनो बींदू प, परवेग के मान ओह बींदु प वेग के मान आउर दिसा के बदलाव के दर होखेला।

बस्तुअन के औसत परवेग वेग मे बदलाव (∆v) आउर समय मे बदलाव (∆t) के भागा होला।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Crew, Henry (2008). The Principles of Mechanics. BiblioBazaar, LLC. p. 43. ISBN 978-0-559-36871-4.