मेहदी हसन

विकिपीडिया से
मेहदी हसन
जनम नाँवमेहदी हसन ख़ान
पुकार नाँवख़ान साहिब
शहंशाह-ए-ग़ज़ल
شہنشاہِ غزل
जनम18 जुलाई 1927[1]
लूणा, राजपुताना एजेंसी, ब्रिटिश भारत
निधन13 जून 2012 (उमिर 84)[1]
कराची, सिंध, पाकिस्तान
बिधा
पेशा सभ
  • गायक
  • संगीतकार
साज
  • गायक
  • हरमुनिया
सक्रियता1957–1999 (रिटायर)
वेबसाइटmehdihassan.com

मेहदी हसन ख़ान (18 जुलाई 1927 – 13 जून 2012) एगो पाकिस्तानी ग़ज़ल गायक रहलें। अबिभाजित भारत के राजस्थान के लूणा गाँव में इनके जनम भइल; परिवार संगीत के पुराना घराना सभ में से एक रहल; संगीत सुरुआती शिक्षा परिवारे से मिलल आ बिभाजन के बा पाकिस्तान चल गइलें। रेडियो पाकिस्तान से गायकी के मोका मिलल आ ग़ज़ल गावे के प्रेरणा भी एहिजे से मिलल।

अपना कैरियर में मेहदी हसन बहुतन ग़ज़ल गवलें। इनका के एह बिधा में सभसे ऊँच दर्जा मानल जाला आ "शहंशाहे-ग़ज़ल" के उपाधि इनका के मिलल।[1] एकरे अलावा खान साहब पाकिस्तानी फिलिम इंडस्ट्री में भी गायक के रूप में चोटी के कलाकार के रूप में रहलें। ग़ज़ल गायकी के दुनिया में ब्यापक करे खाती इनके बिसेस जोगदान मानल जाला। इनके परभाव बाद के कई गायक लोग पर पड़ल जेह में परसिद्ध ग़ज़ल गायक जगजीत सिंह[2] आ फिलिमी गायक सोनू निगम[3] नियर लोग सामिल बा।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. 1.0 1.1 1.2 Mehdi Hassan profile on Encyclopedia Brittanica Retrieved 31 March 2018
  2. Who was Mehdi Hassan NDTV website, Retrieved 31 March 2018
  3. Rafay Mahmood (13 June 2012). "Mehdi Hassan: A sun amongst the stars". The Express Tribune (newspaper). Retrieved 31 March 2018.